Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

झटका: पीएफ पs एह साल से ब्याज दर 8.1 फीसदी

850

सरकार कर्मचारी भविष्य निधि संगठन (ईपीएफओ) के लमसम पांच करोड़ अंशधारकन के बरिस 2021-2022 खातिर भविष्य निधि जमा पs 8.1 प्रतिशत ब्याज दर देवे के मंजूरी दे देले बिया। चार दशकन में ई सबसे कम ब्याज दर हs।

मार्च में केंद्रीय न्यासी बोर्ड (सीबीटी) ब्याज दर 8.5 % से घटा के 8.1% करे के निर्णय कइले रहे। सरकार से मंजूरी मिलला के बाद ईपीएफओ अब कर्मचारियन के खातन में ब्याज के राशि डालल शुरू करी। सीबीटी में कर्मचारियन के प्रतिनिधित्व करे वाला न्यासी केई रघुनाथन कहले, एह लोगन के बच्चन के शिक्षा आ आउर जरुरतन के पूरा करे में मदद मिली।

पिछला बरिसन में ब्याज दर

2019-2020    8.5%

2018-2019    8.65%

2017-2018    8.5%

2016-2017    8.65 %

2015-2016    8.55%

 

267770cookie-checkझटका: पीएफ पs एह साल से ब्याज दर 8.1 फीसदी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.