वाहन चलावे वालन के फेर लागल झटका, हो गइल ई नाया काम, होई नुकसान

By Anurag Ranjan

Published on: May 16, 2022

राष्ट्रीय राजधानी में सीएनजी के कीमतन में दु रुपिया प्रति किलोग्राम के बढ़ोतरी कइल गइल बा। पिछला दु महीना में ई 12वां बढ़न्ती हs। इंद्रप्रस्थ गैस लिमिटेड (आईजीएल) के वेबसाइट पs दिहल गइल जानकारी के

Share

राष्ट्रीय राजधानी में सीएनजी के कीमतन में दु रुपिया प्रति किलोग्राम के बढ़ोतरी कइल गइल बा। पिछला दु महीना में ई 12वां बढ़न्ती हs। इंद्रप्रस्थ गैस लिमिटेड (आईजीएल) के वेबसाइट पs दिहल गइल जानकारी के मोताबिक दिल्ली आ एनसीआर में सीएनजी के कीमत अब 71.61 रुपये प्रति किलोग्राम से बढ़कर 73.61 रुपये प्रति किलोग्राम हो गइल बा।

कीमतन में सात मार्च के बाद ई 12वां बढ़ोतरी हs, एह दौरान कुल मिलाके सीएनजी के कीमत 17.6 रुपये प्रति किलोग्राम बढ़ल बा। खाली अप्रिल में सीएनजी 7.50 रुपिया प्रति किलोग्राम महंगा भइल।

आंकड़न के मोतिबिक पिछला एक साल में कीमतन में 30.21 रुपये प्रति किलोग्राम भा 60 फीसदी के वृद्धि भइल बा। हालांकि, घरेलू रसोई में इस्तेमाल होखे आला पाइप्ड नेचुरल गैस (पीएनजी) के कीमत 45.86 रुपये प्रति किलोग्राम बा, एकरा में कवनो बदलाव नइखे भइल।

Tags:

,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.