शतचंडी महायज्ञ के लेके कलशयात्रा निकालल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2022

  पिपरौली-गीडा (दीपक त्रिपाठी): क्षेत्र के प्रमुख बाजार पिपरौली स्थित मां दुर्गा मंदिर आ रामजानकी मंदिर पs सनीचर 2 अप्रिल से शतचंडी महायज्ञ के आयोजन कइल गइल। कलश यात्रा यज्ञ स्थल से चलके महा ललेश्वर

Share

 

पिपरौली-गीडा (दीपक त्रिपाठी): क्षेत्र के प्रमुख बाजार पिपरौली स्थित मां दुर्गा मंदिर आ रामजानकी मंदिर पs सनीचर 2 अप्रिल से शतचंडी महायज्ञ के आयोजन कइल गइल।
कलश यात्रा यज्ञ स्थल से चलके महा ललेश्वर नाथ शिव मंदिर, दुर्गा मंदिर, रामजानकी मंदिर होखत  पिपरौली, वसुधा, देईपार, धर्मौली, ब्लॉक चौराहा, बासपार होत कालेसर मोक्षधाम राप्ती नदी से जल लेके वापस यज्ञ स्थल पs पहुंचल। एह महाकलश यात्रा में अलग-अलग तरे के सजल झाकियन के संगे सैकड़न के संख्या में बच्चा ,बूढ़,महिला, पुरूष गाजा बाजा हाथी घोड़ा के संगे निकलल कलश यात्रा लोगन के मन मोह लेत रहे।

शतचंडी महायज्ञ रामानुज चौबे के देखरेख में कइल गइल

जवना में देवी शरण लाल मद्धेशिया, राजाराम निगम(पुजारी), विनोद मद्धेशिया, मीरचंद निगम, दिलीप गुप्ता, मातादीन जी,राजेश निगम, संतोष निगम आदि यजमान रहल लो। ई शतचंडी महायज्ञ आज 2 अप्रिल से सुरू होके 10 अप्रिल तक चली आ हरदिन साँझ के कथावाचक मधुसूदनाचार्य जी के द्वारा भागवत कथा आ रात में रामलीला के आयोजन कइल जाई।
एह अवसर पर पिपरौली ब्लाक प्रमुख दिलीप कुमार यादव, प्रेमपाल गुप्ता, सुनील निगम ,रवि प्रताप सिंह, रणविजय सिंह, सोनू निगम, दीपक निगम, अमरनाथ जायसवाल ,देवी शरण लाल, आकाश गुप्त, विनोद निगम, संदीप निगम सहित सैकड़न के संख्या में गाँव आ क्षेत्र के लोग उपस्थित रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.