Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

श्रीराम जन्मोत्सव के लेके निकलल भव्य कलश यात्रा

जय श्री राम के जयकारा से गुंजल रघुनाथपुर बाजार

215

श्रीराम जन्मोत्सव के लेके निकलल भव्य कलश यात्रा

रघुनाथपुर: रघुनाथपुर के शहीद मैदान में आयोजित हो रहल श्रीराम जन्मोत्सव के सनीचर के भव्य कलश यात्रा निकालल गइल। ई कलश यात्रा आयोजन स्थल शहीद मैदान से चलके रघुनाथपुर बाजार नवादा हरपुर लहलादपुर होत नरहन के सरयू नदी का तट पs पहुंचल जहां आचार्य मुकेश तिवारी सर्वेश्वर चौबे अभिषेक पांडे आ विमल पांडे द्वारा वैदिक मंत्रोच्चार से विधिवत पूजन के एह महा आयोजन के यजमान सुनील कुमार यादव बबलू कुमार रंजीत यादव पिंटू यादव के हाथो कलश भरल गइल आ फेर वापस राजपुर मोड़ होखत शहीद मैदान इस्तिथ बनल पूजन स्थल पs पहुंच के उत्सव के सुरुआत हो गइल। जय श्री राम आ हर हर महादेव के नारन  से पूरा माहौल भक्तिमय हो गइल। कलश यात्रा के आगे आगे हाथी घोड़ा बैंड बाजा एकर शोभा बढ़ावत रहे, ओहिजा एकरा पाछे  लगभग 1551 कन्या लो कलश यात्रा में भाग लिहल। एकरा संगे रघुनाथपुर बाजार आ अगरी-कगरी के लोगो बढ़ चढ़ के हिस्सा लिहल।

आयोजन समिति से मिलल जानकारी के अनुसार श्री राम सेवा समिति द्वारा आयोजित एह कार्यक्रम में 2 अप्रिल से 11 अप्रिल ले चली। जवना में 10 अप्रिल के साँझ  7:00 बजे से श्री राम बारात निकालल जाई, आ  11 अप्रिल के विशाल शोभायात्रा के संगे एह कार्यक्रम के समापन होई। एह दौरान वृंदावन से आइल रासलीला मंडली के द्वारा दिन में रासलीला के मंचन आ रात में रामलीला के मंचन शहीद मैदान में बनल मंच पs कइल जाई। एतने ना 9 दिन तक शहीद मैदान में मीना बाजार के अलावे अलग-अलग तरे के मनोरंजक खेल सामग्री जइसे टावर झूला मिकी माउस ब्रेक डांस चोरा चोरी आदि के बेवस्था आयोजन समिति कावर से कइल गइल बा।

बतावल गइल कि एह आयोजन के गांव के लोग सहयोग से कइल जा रहल बा। कोरोना महामारी के कारण पिछिला 2 बरिस में ई आयोजन ना हो सकल।  2 साल बाद आयोजित एह कार्यक्रम के लेके गांव के लोगन में बहुते उत्साह देखे के मिल रहल बा।

235330cookie-checkश्रीराम जन्मोत्सव के लेके निकलल भव्य कलश यात्रा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.