[the_ad_group id="30365"]

Shabaash Mithu: एम एस धोनी के बाद अब बड़ पर्दा पर आई मिताली राज के बायोपिक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड अभिनेत्री तापसी पन्नू स्टारर ‘शाबाश मिट्ठू’ के रिलीज डेट सामने आ गइल बा। शुक्रवार के फिल्म का पोस्टर साझा करत अभिनेत्री तापसी पन्नू बतवले कि ई जुलाई महीना में रिलीज होखे वाली बा। शाबाश मिट्ठू में भारतीय क्रिकेटर मिताली राज के करियर के बारे में बतावल जाई। बड़ पर्दा पर सबके बतावल जाई कि वह कइसे एगो अंतरराष्ट्रीय खिलाड़ी के रूप में अपने करियर में सफलता के शिखर तक जा पहुंचल बाड़ी। गौरतलब बा कि मिताली राज के करियर 23 साल के रहल बा। ऊ वनडे में लगातार सात बेर 50 रन्स बनवले के रिकॉर्ड बनवले बाड़ी। एकरे संगही मिताली राज 4 विश्व कप में भारतीय क्रिकेट टीम के नेतृत्व कइले बाड़ी।

फिल्म के रिलीज डेट के एलान करत अभिनेत्री तापसी पन्नू अपने सोशल मीडिया अकाउंट पर एगो पोस्टर शेयर कइलें बाड़ी। तापसी लिखली, “ओह लड़की से ज्यादा शक्तिशाली केहू नाइ हो सकेला, जेकरे लग्गे कुछ कs दिखवले के सपना बा। एके साकार कइले के योजना बा। ई एगो अइसन लड़की के कहानी बा जौन एह “जेंटलमैन गेम” में आपन जगह बनवली अउर बल्ला उठा के अपने सपना के पीछा कइली। शाबाद मिट्ठू: द अनहर्ड स्टोरी ऑफ वूमेन इन ब्लू’ के अनसुनी कहानी 15 जुलाई 2022 के सिनेमाघर में आवे आला बा।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]