[the_ad_group id="30365"]

छात्रवृत्ति परीक्षा के तिथि 21 मार्च ले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के राजकीय, सहायता प्राप्त अउर स्थानीय निकाय के स्कूलन में कक्षा आठ में पढ़े आले लइके राष्ट्रीय आय अउर योग्यता आधारित छात्रवृत्ति योजना परीक्षा 2022-23 खातिर अब 21 मार्च ले वेबसाइट www.entdata.co.in पs ऑनलाइन आवेदन क सकेने। मनोविज्ञानशाला के निदेशक उषा चन्द्रा बतवने कि पहिले आवेदन के अंतिम तिथि 15 मार्च रहल जेके बढ़ाकर 21 मार्च क देहल गइल बा

ऑनलाइन आवेदन में आवेदक के स्तर से भइल गलती में संशोधन के तिथि 22 अउर 23 मार्च निर्धारित कइल गइल बा। एह छात्रवृत्ति योजना के तहत यूपी के 15143 मेधावियन के कक्षा नौ से 12 ले प्रतिमाह एक हजार या प्रतिवर्ष 12 हजार रुपया छात्रवृत्ति मिली। आवेदन करने आला छात्र के अभिभावक के सालाना आय 1.5 लाख से अधिका नाइ होखे के चाहीं। कोरोना के कारण तमाम स्कूल में परीक्षा नाइ हो पवले बा अउर छात्र-छात्रा के बिना परीक्षा 8वीं में प्रमोट क देहल गइल रहे। एही वजह से एह बेर 7वीं में प्रोन्नत सब अभ्यर्थी आवेदन क सकेने।

 

साभार – हिन्दुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]