Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दुखद खबर : आस्ट्रेलिया के गायिका और यूट्यूब स्टार लिल बो वीप के भइल मौत

22 बरिस के उमिर में लेहली अंतिम सांस

133
सीवान इन्शुरेंस 720 90

ऑस्ट्रेलियाई गायिका अउर यूट्यूब स्टार लिल बो वीप का मौत हो गइल बा। सिंगर बस 22 बरिस के छोटहन उमिर में दुनिया के अलविदा कह देहली। एह बारे में उनकर पिता मैथ्यू शॉफिल्ड फेसबुक पs जानकारी देके एह बात के पुष्टि कइलें। हालांकि, अभिन ले उनके मौत के कारण के खुलासा नाइ भइल बा। उनकर पिताजी सोशल मीडिया पर लिखले कि एह हप्ता के आखिरी में हमनी के अवसाद, आघात, पीटीएसडी अउर नशीली दवाओं के लत के खिलाफ अपने बेटी के जिनगी के लड़ाई हार गइनी जा। ओनके पिता के रूप में हमके ओह पर गरब बा काहें से कि ऊ हमार हीरो, हमार बेटी अउर हमार सबसे निम्मन दोस्त हई जेके हम बड़ी प्यार करेsनी।

Middle Yayawari
225950cookie-checkदुखद खबर : आस्ट्रेलिया के गायिका और यूट्यूब स्टार लिल बो वीप के भइल मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.