ऑस्ट्रेलियाई गायिका अउर यूट्यूब स्टार लिल बो वीप का मौत हो गइल बा। सिंगर बस 22 बरिस के छोटहन उमिर में दुनिया के अलविदा कह देहली। एह बारे में उनकर पिता मैथ्यू शॉफिल्ड फेसबुक पs जानकारी देके एह बात के पुष्टि कइलें। हालांकि, अभिन ले उनके मौत के कारण के खुलासा नाइ भइल बा। उनकर पिताजी सोशल मीडिया पर लिखले कि एह हप्ता के आखिरी में हमनी के अवसाद, आघात, पीटीएसडी अउर नशीली दवाओं के लत के खिलाफ अपने बेटी के जिनगी के लड़ाई हार गइनी जा। ओनके पिता के रूप में हमके ओह पर गरब बा काहें से कि ऊ हमार हीरो, हमार बेटी अउर हमार सबसे निम्मन दोस्त हई जेके हम बड़ी प्यार करेsनी।
दुखद खबर : आस्ट्रेलिया के गायिका और यूट्यूब स्टार लिल बो वीप के भइल मौत
Published on: Mar 9, 2022
ऑस्ट्रेलियाई गायिका अउर यूट्यूब स्टार लिल बो वीप का मौत हो गइल बा। सिंगर बस 22 बरिस के छोटहन उमिर में दुनिया के अलविदा कह देहली। एह बारे में उनकर पिता मैथ्यू शॉफिल्ड फेसबुक पs
Share
Tags:
Share this article






