Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Satyaprem Ki Katha के फैंस पs नाहीं चलल जादू, दूसरका दिने कमाई में भारी गिरावट

747

कार्तिक आर्यन आ कियारा आडवाणी के जोड़ी कोरोना काल के बाद बॉलीवुड के पहिला सुपरहिट फिल्म ‘भूल भुलाईया 2’ दिहलस। एकरा बाद बॉलीवुड में एगो नया उम्मीद जागल। साथही एक बेर फेरु कार्तिक आ कियारा के जोड़ी जनता के सोझा आपन हुनर ​​देखा रहल बा। एह जोड़ी के फिल्म ‘सत्यप्रेम की कथा’ गुरुवार के देश भर के सिनेमाघरन में रिलीज हो चुकल बा। फिल्म के स्टार कास्ट काफी मजबूत बा। अयीसना में लोग के फिल्म से बहुत उम्मीद बा। समीक्षक एह फिलिम आ कलाकारन के काम के बहुते तारीफ कइले। अयीसना में आईं, दूसरा दिन फिल्म के कमाई कईसे होखत रहल बा, इ बताई।

दूसरका दिन के कमाई 

सत्यप्रेम की कथा’ के पहिला दिने 9.25 करोड़ के बढ़िया शुरुआत भइल। ई फिलिम अपना शुद्ध प्रेम कहानी आ मजबूत प्रभावशाली सामाजिक संदेश से दर्शकन के सफलतापूर्वक प्रभावित कइलस। ईद-उल-अज़हा के मौका पs रिलीज भईल ए फिल्म के दर्शक के भारी प्रतिक्रिया मिलल अवुरी एकरा के चारो ओर से सकारात्मक समीक्षा मिलल। हालांकि फिल्म के ठीक अगिला दिने कामकाजी शुक्रवार के सामना करे के पड़ल अवुरी फिल्म में गिरावट देखाई देलस। एह फिलिम के रिलीज के दुसरका दिने 7 करोड़ रुपिया के कलेक्शन भइल।

 

पहिला दिन के मुक़ाबले गिरावट आईल

कार्तिक आर्यन आ कियारा आडवाणी अभिनीत फिलिम ‘सत्यप्रेम की कथा’ बॉक्स ऑफिस पs मजबूत मौजूदगी दर्ज करावत लउकत बा। गुरुवार के रिलीज भईल ए फिल्म के शुरुआत 9.25 करोड़ रुपया के संगे भईल, जवना के दर्शक के ओर से शानदार समीक्षा मिलल। दूसरा दिन शुक्रवार के कामकाजी दिन रहे, जवना के असर साफ-साफ देखाई देत रहे अवुरी फिल्म के 7 करोड़ के संग्रह भईल। फिल्म के समीक्षकन से बढ़िया रेटिंग मिलला के बावजूद कमाई में गिरावट आइल बा।

एह फिलिम के बढ़िया रिस्पांस मिले के उमेद बा

बता दीं, कार्तिक आर्यन आ कियारा आडवाणी के फिल्म ‘सत्यप्रेम की कथा’ के गाना टीजर से लेके जनता के बढ़िया रिस्पांस मिलत रहे। अइसना में अंदाजा लगावल जा रहल बा कि ई फिलिम बहुते दिन ले सिनेमाघरन में रही आ भारी कमाई करी। वइसे कार्तिक आर्य आ कियारा के फिलिम ‘सत्यप्रेम की कथा’ पहिला दिन के कमाई के मामिला में पिछला फिलिम ‘भूल भुलाईया 2’ से पिछड़ गइल बिया। जहाँ पहिला दिन फिल्म ‘सत्यप्रेम की कथा’ के 9.25 करोड़ रुपिया के कमाई भइल त पहिला दिने फिल्म ‘भूल भुलैया 2’ के बढ़िया रकम 14.11 करोड़ रुपिया मिलल।

 

 

583810cookie-checkSatyaprem Ki Katha के फैंस पs नाहीं चलल जादू, दूसरका दिने कमाई में भारी गिरावट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.