[the_ad_group id="30365"]

Asha Nadkarni: दिग्गज अदाकारा आशा नाडकर्णी के 80 के उमिर में निधन, हिंदी समेत मराठी सिनेमा में कमइले रही सम्मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरल जमाना के बेहतरीन एक्ट्रेस आशा नाडकर्णी 80 साल के उमिर में दुनिया के अलविदा कह देले बाड़ी। मराठी से लेके हिंदी फिल्मन तक में आपन एक्टिंग के लोहा मनवा चुकल आशा के निधन 19 जून, 2023 के हो गइल रहे। ओहिजा, अब एक्ट्रेस के निधन के खबर सामने आवतही इंडस्ट्री में शोक के लहर बा। संगही फैंस पोस्ट कs अदाकारा के श्रद्धांजलि अर्पित करत नजर आ रहल बा लो।

आशा नाडकर्णी के निधन

आशा नाडकर्णी के जनम सारस्वत कालोनी में रहे वाला मध्यमवर्गीय परिवार में भइल रहे। उनकर परिवार 1957 के दौरान मुंबई आ गइल रहे, जवना के बाद ऊ फिल्मन में काम करे के मन बनवली। आशा एगो बेहतरीन डांसरो रहली। साल 1957 से 1973 तक आशा कइयन गो हिंदी आ मराठी फिल्मन के हिस्सा रहली। ओहिजा, ई मशहूर अदाकारा 19 जून 2023 के दिन दुनिया के अलविदा कह देली। आशा अपना पीछे परिवार में बेटा, पतोह आ पोता छोड़ गइल बाड़ी।

मात्र 15 साल के उमिर में कइले रहली एक्टिंग डेब्यू

सिल्वर स्क्रीन पs कुछ चेहरा दर्शकन के दिमाग पs आपन छाप छोड़ जाला। अइसने में एगो आशा नाडकर्णी रहली। आशा बतौर एक्ट्रेस फिल्म ‘मौसी’ से डेब्यू कइले रहली। ओह बेरा ऊ मात्र 15 बरिस के रहली। आशा के फिल्मी दुनिया में दाखिला दिलावे वाला शख्स मशहूर निर्देशक वी. शांताराम रहस। ऊहे आशा के फिल्मी नाम ‘वंदना’ देले रहस। एकरा बाद आशा’नवरंग’ समेत तमाम फिल्मन में आपन अदाकारी के जलवा देखवली।

आशा नाडकर्णी के चर्चित फिल्म

आशा नाडकर्णी कइयन गो मशहूर फिल्मन में काम कs के लोगन के दिल जीतले बाड़ी। इस लिस्ट में नवरंग (1959), गुरु और चेला (1973), चिराग (1969), फरिश्ता (1968), श्रीमानजी (1968), दिल और मोहब्बत (1968), अलबेला मस्ताना (1967), बेगुनाह (1970), श्री बालासाहेब (1964), मोमेंट अला भाग्यचा (1962) आ मनाला ते देव (1970) सामिल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]