सलमान खान के फेर मिलल लॉरेंस बिश्नोई के नाम से धमकी, मंगलस 5 करोड़ रुपिया

Salman Khan

Share

 

 

बॉलीवुड अभिनेता सलमान खान के फेर से लॉरेंस बिश्नोई के नाम से धमकी मिलल बा.  पुलिस सूत्र के मुताबिक मुंबई पुलिस ट्रैफिक कंट्रोल रूम के व्हाट्सएप नंबर पs लॉरेंस बिश्नोई के नाम से धमकी देवे वाला मैसेज आईल बा।  ट्रैफिक कंट्रोल रूम में भेजल मैसेज में लिखल रहे कि, “लॉरेंस बिश्नोई के भाई बोलतारे अवुरी जदी सलमान खान जिंदा रहे के चाहतारे तs उ हमनी के (बिश्नोई समाज) मंदिर में जाके माफी मांगे चाहे पांच करोड़ रुपया देस। अयीसन ना होखी तs हम तोहरा के मार देब, हमनी के गिरोह अबे सक्रिय बा।”

पुलिस सूत्र के मुताबिक इs धमकी देवे वाला संदेश काल्ह रात भेजल गईल। इs संदेश आधा रात के ट्रैफिक कंट्रोल रूम में काम करेवाला अधिकारी के देखले। फिलहाल पुलिस ओ आदमी के तलाश में जुटल बिया। ई संदेश के भेजले बा।

दू करोड़ रुपिया रंगदारी के मांग कइलस

एकरा से पहिले भी सलमान खान के लॉरेंस बिश्नोई गिरोह के ओर से जान से मारे के धमकी मिलल रहे।  संदिग्ध गिरोह के सदस्य एs साल अप्रैल में अभिनेता के बांद्रा घर के बहरी गोलीबारी कईले रहले। कुछ महीना पहिले नवी मुंबई पुलिस बिश्नोई गिरोह के खान के हत्या के साजिश के पर्दाफाश कईले रहे, जवना के बाद अभिनेता के सुरक्षा बढ़ावल गईल।

बता दीं कि मुंबई ट्रैफिक पुलिस के एकरा से पहिले भी सलमान खान से जुड़ल धमकी वाला संदेश मिलल रहे। जवना में अभिनेता से दु करोड़ रुपिया के मांग कईल गईल अवुरी उs पईसा ना दिहला पs जान से मारे के धमकी देले। एs मामला में पुलिस बांद्रा (पूर्व) निवासी आजम मोहम्मद मुस्तफा नाम के एगो आदमी के गिरफ्तार कईले रहे।

लॉरेंस बिश्नोई हत्या के कोशिश, रंगदारी समेत कई तरह के आरोप में जेल में बंद बाड़े।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-