[the_ad_group id="30365"]

सलमान खान के फेर जान से मारे के धमकी, मैसेज कs मंगलस 2 करोड़ रुपिया

सलमान खान
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

फिल्म अभिनेता सलमान खान के एक बेर फेरु जान से मारे के धमकी मिलल बा. मंगल के दिने ट्रैफिक कंट्रोल के एगो मैसेज मिलल जवना में एगो अनजान आदमी धमकी दिहलस. सूत्र बतवले कि मैसेज भेजे वाला आदमी 2 करोड़ रुपिया के मांग कईले रहे। पुलिस सूत्र के मुताबिक मैसेज भेजे वाला इहो कहले कि पईसा ना मिलल तs सलमान खान के हत्या कs देब।  ध्यान देवे वाला बात बा कि हाल के समय में सलमान खान के कई बेर जान से मारे के धमकी मिलल बा। हाल ही में बाबा सिद्दीकी के बेटा ज़ीशान सिद्दीकी के भी धमकी मिलल रहे, जेकरा बाद धमकी देवे वाला के नोएडा से पुलिस गिरफ्तार कs लेलस।

20 साल के लईका धमकी देले रहे

जीशान सिद्दीकी के कार्यालय कर्मचारी के ओर से दिहल शिकायत के आधार पs निर्मलनगर थाना में अनजान लोग के खिलाफ मामला दर्ज भईल। एs मामला में नोएडा से एगो 20 साल के आरोपी के गिरफ्तार कईल गईल बा, आरोपी के नाम गुफ्रान बा। पुलिस सूत्र के मुताबिक शुरुआती जांच में लागता कि इs धमकी देवे वाला फोन खाली पईसा मांगे खातीर भईल बा। हालांकि पुलिस अबो मामला के जांच में जुटल बिया अवुरी मामला के हर कोण से देखल जाता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]