Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रामपुर : चुनाव आयोग पs टिप्पणी करे के आरोप में आजम खां पs रिपोर्ट, दू दिन में दू मुकदमा दर्ज

415

चुनाव आयोग पs टिप्पणी करे के आरोप में सपा नेता आजम खां के खिलाफ शहर कोतवाली में रिपोर्ट दर्ज कs लीहल गइल बा। आजम के खिलाफ ई दू दिन में ई लगातार दुसरा मुकदमा बा।

एहसे पहिले गंज कोतवाली में आजम खां के खिलाफ महिला पर टिप्पणी करे के आरोप में रिपोर्ट कइल गइल रहे। आजम खां एक दिसंबर के किला के मैदान में सपा प्रत्याशी आसिम राजा के समर्थन में एक जनसभा के संबोधित कइले रहनें। एह जनसभा में सपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादवो मौजूद रहनें।

आरोप बा कि आजम खां भड़काऊ भाषण दिहलें। पुलिस, चुनाव आयुक्त अउर चुनाव आयोग जइसन संवैधानिक संस्था पs टिप्पणी कs के लोग के भड़कावे के काम करिहें। अइसन कइल आदर्श आचार संहिता के उल्लंघनो बा। एह मामिला में नहर खंड के अवर अभियंता अउर वीडियो निगरानी टीम के प्रभारी सुजेश कुमार सागर तहरीर दिहले रहनें।

तहरीर के आधार पर कोतवाली थाना के पुलिस सपा नेता आजम खां के खिलाफ आईपीसी के धारा 153 (ए), 505 (1) (बी) अउर जनप्रतिनिधित्व अधिनियम के धारा 125 के तहत रिपोर्ट दर्ज कs लिहल गइल बा। एसपी अशोक कुमार शुक्ला बतवलें कि तहरीर के आधार पs रिपोर्ट दर्ज कइल गइल बा।

399910cookie-checkरामपुर : चुनाव आयोग पs टिप्पणी करे के आरोप में आजम खां पs रिपोर्ट, दू दिन में दू मुकदमा दर्ज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.