FIR On Azam Khan: चुनाव आयोग आ पुलिस के खिलाफ बयानबाजी पर फंसलें आजम खान, रामपुर में FIR

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 3, 2022

सपा के सीनियर नेता आजम खान के मुस्किल खतम होखे के नामें नइखे ले रहल। अजन्मल लईकन पर टिप्पणी के चलते उनका पs हाले में केस दरज कइल गइल रहे। ताजा ममिला में चुनाव आयोग

Share

सपा के सीनियर नेता आजम खान के मुस्किल खतम होखे के नामें नइखे ले रहल। अजन्मल लईकन पर टिप्पणी के चलते उनका पs हाले में केस दरज कइल गइल रहे। ताजा ममिला में चुनाव आयोग आ पुलिस के निशाना बनावे के ममिला में उनका पर एफआईआर दरज कइल गइल बा।

आजम खान के खिलाफ ई केस सुजेश कुमार के शिकायत पर दरज कइल गइल बा। रामपुर के कोतवाली पुलिस ममिला के जांच कर रहल बिया। सुजेश रामपुर उप चुनाव खातिर बनावल गइल चुनाव आयोग के ओह टीम के इंचार्ज हवे जवन वीडियो सर्विलांस के काम देखेले।

पुलिस के दिहल शिकायत के मोताबिक रामपुर उपचुनाव में एगो सभा के दौरान आजम खान संवैधानिक संस्था चुनाव आयोग आ पुलिस के खिलाफ प्रतिकूल टिप्पणी कइलें। ऊ सपा कैंडिडेट आसिम रजा के समर्थन में एगो सभा के संबोधित करत रहस। धेयान रहे कि तकरीबन एक महीना पहिले हेट स्पीच के एगो ममिला में रामपुर के अदालत आजम खान के सजा सुनवले रहे। ओकरा बाद उनकर विधायकियो चल गइल रहे। एही परिपेक्ष्य में रामपुर में उप चुनाव करावल जा रहल बा। रामपुर में सपा कैंडिडेट आसिम रजा के जितावे खातिर ऊ अखिलेश यादव के संगे पूरा जोर लगा रहल बाड़ें। बाकिर योगी सरकार जवना तरे से उनकरा खिलाफ एगो के बाद एगो ताबड़तोड़ केस दरज करत जा रहल बिया, लागत बा कि ऊ खास निशाना पर बाड़ें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.