Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मंगला एक्सप्रेस ट्रेन में एस-8 कोच लगावल भूला गइल रेलवे, आगरा कैंट स्टेशन पर यात्री लोग कइल हंगामा

236

आगरा कैंट रेलवे स्टेशन पर बियफे के भोरे दिल्ली से चले वाली मंगला एक्सप्रेस ट्रेन पहुंचल। एहमें कोच नंबर एस-8 नाइ रहल। जौन यात्रियन के एह कोच में रिजर्वेशन रहल, ऊ कोच खोजे लगनें। जब उनके पता चलल कि ट्रेन में एस-8 कोच नाइ रहल त यात्री लोग हंगामा कs दिहल। एह दौरान करीब आधे घंटा ले ट्रेन स्टेशन पर ठाढ़ रहल।

दिल्ली के निजामुद्दीन रेलवे स्टेशन से एर्नाकुलम के जाए वाली मंगला एक्सप्रेस बिहाने साढ़े आठ बजे आगरा कैंट स्टेशन पर पहुंचल। प्लेटफॉर्म पर ट्रेन के रुकले के बाद कई यात्री एस-8 कोच देखे लगनें लेकिन उनके कोच नाइ मिलल। एहसे यात्री परेशान हो गइलें। तब्बे ट्रेन चले लागल। यात्री लोग चेन खींच के ट्रेन के रोक दिहल अउर हंगामा करे लागल।

काफी देर ले भइल हंगामा

यात्रियन के आरोप रहल कि उनकर रिजर्वेशन एस-8 कोच में रहल लेकिन ट्रेन में ई कोच नाइ रहल। एकर जानकारी होखले पर ट्रेन के दूसर कोच में बइठल एस-8 के यात्री भी नीचे उतर अइलें। हंगामा होखले पर स्टेशन पs अफरातफरी मच गइल। जइसही ट्रेन चलत, यात्री चेन खींच के रोक दें। सूचना पर रेलवे के अधिकारी पहुंच गइलें। काफी देर ले हंगामा भइल।

हंगामा के कारण करीब 30 मिनट ले ट्रेन स्टेशन पर रुकल रहल। रेलवे अधिकारी लोग यात्रियन के समझा बुझाकर शांत कइलें। उनके ट्रेन में बइठे के व्यवस्था कइल गइल। एकरे बाद करीब नौ बजे ट्रेन स्टेशन से रवाना भइल।

389960cookie-checkमंगला एक्सप्रेस ट्रेन में एस-8 कोच लगावल भूला गइल रेलवे, आगरा कैंट स्टेशन पर यात्री लोग कइल हंगामा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.