Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

11वीं के छात्रा तीसरी मंजिल से कूद के कइली खुदकुशी के कोशिश, हालत भइल गंभीर

219
कुशीनगर शहर के सेंट जेवियर्स स्कूल के एगो छात्रा बुध के दूपहर में लगभग एक बजे विद्यालय के तीसरी मंजिल से कूदकर खुदकुशी के कोशिश कइली। ओ समय विद्यालय में छुट्टी भइल रहे। घटना के बाद विद्यालय में अफरा-तफरी के स्थिति उत्पन्न हो गइल।
सूचना पर पहुंचल पुलिस अउर विद्यालय परिवार एगो निजी अस्पताल में उनकर उपचार करवलें, जहां उनकर हालत गंभीर देख डॉक्टर मेडिकल कॉलेज गोरखपुर रेफर कs दिहलें।
बतावल जा रहल बा, एह विद्यालय में अर्द्धवार्षिक परीक्षा चल रहल बा पडरौना शहर के कठकुइयां रोड के निवासी गरिमा चतुर्वेदी इस विद्यालय में 11वीं बायो के छात्रा हई। बुध के भौतिकी शास्त्र के प्रयोगात्मक परीक्षा चलत रहे। दूपहर लगभग एक बजे परीक्षा ख़तम हो गइल, छात्र-छात्रा लोग बाहर निकलत रहल। तब्बे विद्यालय के तीसरी मंजिल से गरिमा कूद गइली।
ऊ जमीन पर गिरतही बेहोश हो गइली। उनके खून से लथपत देख छात्र-छात्रा लोग शोर मचावे लागल। ओकरे बाद उहां भीड़ जुट गइल। सूचना पर पुलिस पहुंचल। छात्रा के शहर के एक निजी अस्पताल ले जाइल गइल, जहां प्राथमिक उपचार के बाद डॉक्टर उनके मेडिकल कॉलेज गोरखपुर रेफर कs दिहलें। छात्रा के परिजन उसके साथ ही गइल बानें। एहीलिए घटना के वजह पता नाइ चल पा रहल बा।
389810cookie-check11वीं के छात्रा तीसरी मंजिल से कूद के कइली खुदकुशी के कोशिश, हालत भइल गंभीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.