PV Sindhu के सफर समाप्त, Korea Open के सेमीफाइनल में An Se-young से हरली

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 9, 2022

Korea Open 2022 Semifinal: कोरिया ओपन सुपर 500 बैडमिंटन टूर्नामेंट के महिला एकल में पीवी सिंधु (PV Sindhu) के अभियान समाप्त हो गइल बा। भारत के स्टार शटलर के आन सियोंग (An Se-young)  सेमीफाइनल मुकाबला में हरवली।

Share

Korea Open 2022 Semifinal: कोरिया ओपन सुपर 500 बैडमिंटन टूर्नामेंट के महिला एकल में पीवी सिंधु (PV Sindhu) के अभियान समाप्त हो गइल बा। भारत के स्टार शटलर के आन सियोंग (An Se-young)  सेमीफाइनल मुकाबला में हरवली। सियोंग सिंधु के लगातार चउथा बेर मात देले बाड़ी। तीसरा वरीयता प्राप्त सिंधु मजबूत चुनौती पेस कइला के बावजूद दुनिया के चउथा नंबर के कोरियाई खिलाड़ी के खिलाफ 48 मिनट में 14-21 17-21 से हार गइली।

20 साल के सियोंग के खिलाफ सिंधु मुकाबला में अधिकतर समे पिछड़ल रहली। दूसरा वरीयता प्राप्त कोरियाई खिलाड़ी सानदार सुरुआत करत 6-1 के बढ़त बनवली। सिंधु दु गो ताकतवर रिटर्न के संगे स्कोर 4-7 कइली बाकिर सियोंग ने दु गो सटीक रिटर्न, देह पs एगो शॉट आ बेसलाइन के लगे एगो रिटर्न के संगे ब्रेक तक 11-6 के बढ़त बना लेली।

सिंधु मुकाबले में तेजी लेआवे के कोसिस कइली बाकिर सियोंग अपना शॉट में विविधता से हर बेर एक डेग  आगही  रहली। भारतीय खिलाड़ी सिंधु स्मैश के संगे कुछ अंक जुटवली बाकिर सियोंग पs दबाव ना बना सकली।  सियोंग एकरा बाद आठ गेम प्वाइंट हासिल कइली जेमे से सिंधु दु गो बचवली बाकिर कोरियाई खिलाड़ी ताकतवर स्मैश के संगे गेम जीत लेली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.