[the_ad_group id="30365"]

सिंधु के ओहोरी पर लगातार बारहवीं जीत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दू बेर के ओलंपिक पदक विजेता भारत के पीवी सिंधू अउर किदांबी श्रीकांत गुरुवार के कोरिया ओपन सुपर बैडमिंटन टूर्नामेंट के क्वार्टर फाइनल के टिकट कटा लेहनें लोग। सातवाँ नम्बर के खिलाड़ी सिंधु 26वें नम्बर के जापान के आया ओहोरी कि 37 मिनट में 21-15, 21-10 से हरवली।
विश्व चैंपियनशिप के रजत विजेता श्रीकांत इजराइल के मिशा जिल्बरमैन के 33 मिनट में 21-18, 21-6 से हरवनें। श्रीकांत के सामना अब स्थानीय दावेदार सोन वान से होई।

सिंधु के टक्कर बुसानन से

सिंधु के ई ओहोरी के ख़िलाफ़ लगातार बारहवीं जीत बा। स्विस ओपन के चैंपियन तिसरकी वरीय सिंधु के अगिला दौर में थाईलैंड के बुसानन ओंगबामरुंगफान से सामना होई। पहिलहू सिंधु बुसानन के ख़िलाफ़ 17 मैच खेलले बाड़ी जेमे बस ऊ एक्के मैच हारल बाड़ी, बाकी 16 में ओनके जीत मिलल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]