29 अगस्त 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2026

दिनांक- 29/08/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग भाद्रपद कृष्ण पक्ष तिथि– प्रतिपदा दिन के 09 बजके 57 मिनट ले, ओकरा बाद  द्वितीया। दिन- सनिचर। पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र रात के 03 बजके 42 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 29/08/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि– प्रतिपदा

दिन के 09 बजके 57 मिनट ले,

ओकरा बाद  द्वितीया।

दिन- सनिचर।

पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

रात के 03 बजके 42 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र।

सुकर्मा जोग

सबेरे के 06 बजके 35 मिनट ले,

ओकरा बाद धृति जोग।

कौलव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 30/08/2026

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वितीया

दिन के 09 बजके 37 मिनट ले।

दिन- अतवार।

उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र

रात के 03 बजके 44 मिनट ले।

 शूल जोग

रातके 03 बजके 45 मिनट ले।

गर करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर आत्मविश्वास बढ़ी। कामकाज में नया मवका मिल सकेला। आर्थिक ममिला में सावधानी बरतीं आ बेमतलब के खरचा से बचीं। परिवार में माहौल बढ़िया रही।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फायदा मिल सकेला। नौकरी करे वाला लोगन के जिम्मेदारी बढ़ सकेला। कारोबार में सोच-समझ के फैसला लीं। घर में सुख-शांति रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रउआ कुछ नया सीखे के मवका मिली। संघतिया लोगन के सहजोग से काम आसान होई। पईसा के लेनदेन में जल्दबाजी मत करीं। स्वास्थ्य सामान्य रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज मन तनिका बेचैन रह सकेला। जरूरी काम पs ध्यान दीं आ दोसर लोगन के बात में बेवजह मत पड़ीं। परिवार के कवनो सदस्य से जरूरी बातचीत हो सकेला।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास मजबूत रही। ऑफिस में राउर काम के तारीफ हो सकेला। कारोबार में फायदा के जोग बा। रिश्तन में मिठास बनवले रखीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज अधूरा काम पूरा करे के दिन बा। मेहनत के अच्छा नतीजा मिल सकेला। खरचा बढ़ सकेला, एहसे बजट बना के चलीं। पढ़ाई करे वाला लोगन खातिर दिन अच्छा बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज नया योजना बनावे खातिर समय अनुकूल बा। नौकरी में बदलाव के विचार कs रहल बानी तs सोच-विचार कs के डेग उठाईं। परिवार में कवनो सुभ खबर मिल सकेला।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज राउर मेहनत रंग लाई। रुकल पईसा वापस मिल सकेला। कारोबार में नया संपर्क फायदा पहुंचाई। खीस पs नियंत्रण रखीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बन सकेला। कामकाज में नया जिम्मेदारी मिली। आर्थिक इस्थिति मजबूत होखे के संभावना बा। प्रेम संबंध में बातचीत से गलतफहमी दूर होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज करिअर से जुड़ल महत्वपूर्ण फैसला ले सकेनी। अधिकारी लोगन के सहजोग मिली। निवेश करे से पहिले पूरा जानकारी जरूर लीं। परिवार के संगे समय बिताईं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में मन लागी। नया विचार से फायदा हो सकेला। संघतिया भा सहजोगी से मदद मिली। स्वास्थ्य के प्रति लापरवाही मत करीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज दिन मिलल-जुलल रही। काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर मेहनत से सफलता मिली। धन के ममिला में सावधानी जरूरी बा। परिवार के लोगन के संगे समय बितावे से मन खुस रही।

Read Also: Sonal Dinusha : सोनल दिनुशा रचलें इतिहास, भारत के खिलाफ 26 साल बाद एंडी फ्लावर वाला कारनामा से आगे निकललें

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.