[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के बेटी के दम पर भारत जीतल स्‍वर्ण पदक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर की बेटी आदित्या यादव के शानदार प्रदर्शन के दम पर भारत गुरुवार तड़के ब्राजील के धरती पर इतिहास रच देहलस। भारत डेफ ओलंपिक में बैडमिंटन के टीम चैंपियनशिप के फाइनल में जापान के 3-1 से हरा के स्वर्ण पदक पर कब्जा जमा लेहलस। पूरा चैंपियनशिप में भारतीय टीम शानदार प्रदर्शन करत लीग मैचों में फ्रांस, ब्राजील, क्वार्टर फाइनल में तुर्की अउर सेमीफाइनल में चीनी ताइपे के हरावत ई उपलब्धि हासिल कइलस।

पदक की जीत में महत्वपूर्ण भूमिका निभवली

महज 11 बरिस 5 महीना के आदित्या महिला डबल्स अउर मिक्स डबल्स में अपने शानदार खेल के बूते टीम चैंपियनशिप में भारत के पहिला बेर गोल्ड मेडल दियवले में महत्वपूर्ण भूमिका निभवली। भारतीय समयानुसार गुरुवार तड़के फाइनल में पहिले मैच में हरले के बाद टीम शानदार वापसी करत जापान के 3-1 से हरवलस।

“ब्राजील Deaflympics2021 के बैडमिंटन स्पर्धा में भारतीय टीम के स्वर्ण पदक प्राप्त होखले पर हार्दिक बधाई अउर ढेरों शुभकामना। एहमें गोरखपुर के बेटी आदित्या यादव जौन अद्वितीय प्रदर्शन कइलें बाड़ी, ऊ असंख्य खिलाड़ियन अउर बचवन खातिर एगो बेमिसाल प्रेरणा बा। हमनी के आप पर गर्व बा।”
योगी आदित्यनाथ, सीएम, उत्तर प्रदेश

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]