Russia-Ukraine War : पुतिन के बड़ बयान- यूक्रेन संगे शांति समझौता खातिर तीसरा देस में मिले खातिर तइयार

Share

सेंट्रल डेस्क। रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन सनिचर के एगो बड़ संकेत देलें। ऊ कहलें कि यूक्रेन संगे चल रहल जंग के पूरा तरे खतम करे खातिर राष्ट्रपति जेलेंस्की से कवनो तीसरा देस में मिले खातिर तइयार बाड़ें। ई पहिला मौका बा जब पुतिन रूस से बाहर कवनो दोसरा देस में मुलाकात के संभावना जतवले बाड़ें। विक्ट्री डे परेड के बाद मीडिया से बातचीत करत पुतिन साफ कहलें कि ऊ कबो यूक्रेन के राष्ट्रपति संगे बातचीत से इनकार नइखन कइलें।

मुलाकात खातिर पुतिन रखलें शर्त

पुतिन एह मुलाकात खातिर एगो अहम शर्त रखलें। उनका मोताबिक, तीसरा देस में बैठक तब हो सकेला जब दुनो देस के बीच पूरा आ लमहर समय तक चले वाला शांति समझौता तय हो जावs। पुतिन कहलें कि ई मुलाकात बातचीत खातिर ना, बलुक समझौता पs हस्ताक्षर करे खातिर होई। ऊ इहो कहलें कि अगर यूक्रेन चाहे तs मॉस्को में आके मुलाकात कs सकेला। पुतिन साफ कइलें कि मुलाकात कवनो समझौता के आखिरी कदम होखे के चाहीं, ना कि बातचीत के सुरुआत।

मिन्स्क समझौता के उदाहरण काहे देलें पुतिन?

रूसी राष्ट्रपति जोर देके कहलें कि सुरुआती बातचीत विशेषज्ञ लोगन के करे के चाहीं। ऊ पुरान ‘मिन्स्क समझौता’ के उदाहरण देत कहलें कि अइसन चरचा घंटों चलेला, बाकिर कइयन बेर कवनो नतीजा ना निकलेला। मिन्स्क समझौता 2014 आ 2015 में बेलारूस में भइल रहे। एह समझौता के मकसद यूक्रेन के डोनबास इलाका में हिंसा रोके के रहे, बाकिर ई सफल ना हो सकल।

पुतिन चाहत बाड़ें कि एह बेर विशेषज्ञ लोग पहिले से सब कुछ साफ कs लेव, ताकि राष्ट्रपति लोग खाली समारोह में सामिल होखे आ दस्तखत करे खातिर मिले।

फरवरी 2022 से जारी बा जंग

रूस-यूक्रेन जंग फरवरी 2022 में सुरू भइल रहे आ अब ई अपना पांचवां साल में पहुंच गइल बा। एकरा से पहिले सितंबर 2025 में पुतिन चीन यात्रा के बाद जेलेंस्की से मिले के इच्छा जतवले रहले। ओह समय ऊ कहलें रहले कि मुलाकात मॉस्को में हो सकेला, अगर ऊ यूक्रेन के संवैधानिक ढांचा के भीतर होखे आ ओकर कवनो ठोस नतीजा निकले। अब रूस से बाहर मिले के पुतिन के सुझाव शांति के दिशा में एगो नया रास्ता खोल सकेला।

Read Also: Vijay Oath Ceremony : तमिलनाडु के 9वां मुख्यमंत्री बनलें विजय, 9 विधायक लिहल लोग मंत्री पद के शपथ, कैबिनेट में एगो महिला के मिलल जगह

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-