Assam CM : विधायक दल के नेता चुनल गइलें हिमंता, 12 मई के होई शपथ ग्रहण समारोह

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2026

सेंट्रल डेस्क। असम में भाजपा नेता डॉ. हिमंता बिस्वा सरमा के भाजपा आ एनडीए विधायक दल के नेता चुन लिहल गइल बा। ऊ 12 मई के असम के मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहें। एह शपथ

Share

Assam CM Himanta Biswa Sarma Oath Ceremony 12 May

सेंट्रल डेस्क। असम में भाजपा नेता डॉ. हिमंता बिस्वा सरमा के भाजपा आ एनडीए विधायक दल के नेता चुन लिहल गइल बा। ऊ 12 मई के असम के मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहें। एह शपथ ग्रहण समारोह में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मुख्य अतिथि के रूप में सामिल होइहें।

गुवाहाटी में अतवार के भइल एगो महत्वपूर्ण बैठक में हिमंता के भाजपा नेतृत्व वाला एनडीए विधायक दल के नेता चुनल गइल। केंद्रीय मंत्री जेपी नड्डा एह बड़ फैसला के जानकारी सार्वजनिक कइलें। एह चुनाव के संगे अब सरमा के लगातार दूसरका बेर असम के मुख्यमंत्री बने के राह पूरा तरे साफ हो गइल बा।

सर्वसम्मति से भइल चुनाव

असम भाजपा विधायक दल के बैठक सबेरे आयोजित भइल रहे। एमे आठ गो भाजपा विधायक नेता के रूप में हिमंता बिस्वा सरमा के नाम प्रस्तावित कइलें। पूरा प्रक्रिया के दौरान जेपी नड्डा आ हरियाणा के मुख्यमंत्री नायब सिंह सैनी केंद्रीय पर्यवेक्षक आ सह-पर्यवेक्षक के रूप में बैठक में मवजूद रहलें।

गठबंधन के प्रमुख सहजोगी दल असम गण परिषद (एजीपी) आ बोडोलैंड पीपुल्स फ्रंट (बीपीएफ) सरमा के नामांकन के पूरा समर्थन कइलस। सब दलन के सहमति के बाद उनका के सर्वसम्मति से एनडीए के नेता चुन लिहल गइल।

अधिकारियन के मोताबिक, हिमंत बिस्वा सरमा आ एनडीए के आउर वरिष्ठ नेता अतवार के लोक भवन में राज्यपाल लक्ष्मण प्रसाद आचार्य से मुलाकात करी लोग। एह बैठक में सरकार बनावे से जुड़ल जरूरी मुद्दा पs चरचा होई। एनडीए नेता राज्यपाल के सामने नया सरकार बनावे के औपचारिक दावा पेश करी लोग।

कइसन रहल चुनावी समीकरण?

असम विधानसभा चुनाव में भाजपा नेतृत्व वाला एनडीए ऐतिहासिक प्रदर्शन कइले बा। गठबंधन दू-तिहाई बहुमत के संगे लगातार तीसरका बेर सत्ता में वापसी कइले बा। 126 सदस्य वाला विधानसभा में भाजपा अकेले 82 सीट पs जीत दर्ज कइले बा। ओहिजा सहयोगी दल एजीपी आ बीपीएफ के हिस्सा में 10-10 सीट आइल बा।

एह जबरदस्त जीत के संगे गठबंधन राज्य में आपन पकड़ आउर मजबूत कs लेले बा। अब राज्य में नया सरकार के गठन के प्रक्रिया तेजी से आगे बढ़ी।

Read Also: Russia-Ukraine War : पुतिन के बड़ बयान- यूक्रेन संगे शांति समझौता खातिर तीसरा देस में मिले खातिर तइयार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.