Vijay Oath Ceremony : तमिलनाडु के 9वां मुख्यमंत्री बनलें विजय, 9 विधायक लिहल लोग मंत्री पद के शपथ, कैबिनेट में एगो महिला के मिलल जगह

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2026

सेंट्रल डेस्क। तमिलगा वेट्री कझगम (TVK) के अध्यक्ष सी. जोसेफ विजय अतवार के तमिलनाडु के मुख्यमंत्री के रूप में शपथ लेलें। राज्य के दूगो प्रमुख द्रविड़ पार्टी डीएमके आ एआईएडीएमके के करीब छह दशक से

Share

Vijay Tamil Nadu CM Oath Ceremony 2026

सेंट्रल डेस्क। तमिलगा वेट्री कझगम (TVK) के अध्यक्ष सी. जोसेफ विजय अतवार के तमिलनाडु के मुख्यमंत्री के रूप में शपथ लेलें। राज्य के दूगो प्रमुख द्रविड़ पार्टी डीएमके आ एआईएडीएमके के करीब छह दशक से चलत आवत बारी-बारी के शासन अब खतम हो गइल बा।

विजय सबेरे 10 बजे चेन्नई के जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम में शपथ लेलें। उनका संगे नव गो आउर मंत्री लोग शपथ लिहल, जवना में टीवीके के कइयन गो वरिष्ठ नेता सामिल बा लोग। विजय गठबंधन सरकार के अगुवाई करिहें, जवना में कांग्रेस सहजोगी पार्टी के रूप में सामिल रही।

एकरा से पहिले राज्यपाल विजय के निरदेस देले रहस कि ऊ 13 मई से पहिले विधानसभा में विश्वास मत हासिल करस। पिछिला कुछ दिन से चल आ रहल राजनीतिक तनाव आ अनिश्चितता सनिचर के सांझ खतम भइल, जब वीसीके आ आईयूएमएल आपन समर्थन दे देलस, एकरा से टीवीके के कुल संख्या 120 तक पहुंच गइल।

हर दिनइ देवे के पड़ी हिट फिलिम

भाजपा प्रवक्ता शहजाद पूनावाला कहलें, “हम तमिलनाडु के जनता आ विजय के मुख्यमंत्री पद के शपथ लेला पs दिल से बधाई देत बानी। उनका सामने बहुत बड़ आ कठिन जिम्मेदारी बा। फिलिमी दुनिया से अलग एहिजा हर दिन एगो ‘हिट’ देवे के पड़ी।”

टीवीके नेता एन. आनंद, आधव अर्जुन, डॉ. के.जी. अरुणराज, के.ए. सेंगोत्तैयान, पी. वेंकटरमणन, आर. निर्मलकुमार, राजमोहन, एस. कीर्तना आ डॉ. टी.के. प्रभु तमिलनाडु सरकार में मंत्री पद के शपथ लिहल लोग।

शपथ के बाद राज्यपाल के कइलें अभिनंदन

तमिलनाडु के मुख्यमंत्री पद के शपथ लेला के बाद तमिलगा वेट्री कड़गम (टीवीके) प्रमुख सी. जोसेफ विजय चेन्नई के जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम में राज्यपाल राजेंद्र विश्वनाथ अर्लेकर के अभिनंदन कइलें।

Read Also: Vaibhav Sooryavanshi : 15 बरिस के उमिर में दुनिया के चउका रहल बाड़ें वैभव सूर्यवंशी, फेर कइलें कमाल, मात्र 514 गेना में बनवलें ई रिकॉर्ड

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.