Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हिंदू युवतियन से शादी करे वालन के मुहैया करावेले घर अउर दुकान, यूपी में धरम बदलले पs देलें नकदी

383

पीएफआई प्रदेश में आपन जड़ जमा रहल बा। उ सदस्यन के संख्या बढ़ावे खातिर विशेष योजना चलावल शुरू कइले बा। सुरक्षा एजेंसी के मुताबिक पीएफआई सदस्यन के खुला ऑफर देला कि हिंदु लइकी के धर्म बदलववले अउर शादी करे खातिर खुलेआम नकद रुपया देलें। उहों अइसन लोग खातिर रोजगार अउरी छत भी मुहैया करावला।

एकरे खातिर दुकान खोले के पूरा इंतजाम अउर रहे खातिर घर भी देलें। ई सब ऊ विदेश से हो रहल फंडिंग से करेने। सुरक्षा एजेंसियन के मुताबिक पीएफआई के सदस्य काकोरी, लखनऊ-बाराबंकी सीमा पर कुर्सी गांव में प्रशिक्षण शिविर लगवलें रहलें। जहां पs लोग के लव-जिहाद, धर्मांतरण करे के तरीका के बारे में जानकारी देहलें।

साथ ही अइसन करे वाला संस्थान के कई तरह के इनामी योजना के बारे में बतवलस। लखनऊ में पिछले दिन गिरफ्तार उमर गौतम धर्मांतरण करवले रहे। ऊ एसडीपीआई के सक्रिय सदस्य होखले के साथ हल-हरम एकेडमी के उपाध्यक्ष रहल।

उहवें, पिछले दिन गिरफ्तार अहमद बेग नदवी संगठन खातिर टेरर फंड जुटावत रहे। उहो नदवा में पढ़ले रहे अउर बतौर शिक्षक भी काम क चुकल रहे। 2022 में बहराइच के कैसरगंज सीट से सोशल डेमोक्रेटिव पार्टी ऑफ इंडिया के टिकट पर चुनाव लडल रहे।।

पीएफआई बनवलस लव-जिहाद के हथियार

पीएफआई लव-जिहाद के सबसे बड़ हथियार बना के रखले बा। एकरे खातिर अपने सदस्यन के विशेष प्रशिक्षण देवे खातिर केरल भेजेने। उहां उनके धर्मांतरण अउरी आपन हकीकत छिपा के हिंदु युवतियन के अपने जाल में फंसावे के तरीका बतावल जाला।

गवईं इलाका में जा के फंसावेने लइकी

एकरे खातिर फर्जी पहचान पत्र भी उपलब्ध करावल जाला। जेकरे बाद ऊ आपन टारगेट लेकर प्रदेश के गवईं इलाका में जा के युवतियन के फंसावेने। उनके निशाना पर गरीब अउरी पिछड़ी जाति के हिंदु युवक अउर युवती होलें। उनके भड़कवले के बाद मोटनरकम मुहैया करावेने। ताकि उ धर्म बदल के इस्लाम कुबूल कर ले। ओहिजा लइकी लोग के हिंदु बन के फंसावेने। फेर धर्म बदलले खातिर प्रताड़ित करेने।

342530cookie-checkहिंदू युवतियन से शादी करे वालन के मुहैया करावेले घर अउर दुकान, यूपी में धरम बदलले पs देलें नकदी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.