[the_ad_group id="30365"]

प्रोफेसर केशव के मिलल एसएलएस बेस्ट साइंटिस्ट अवार्ड: जीवन विज्ञान के क्षेत्र में उत्कृष्ट शैक्षणिक जोगदान खातिर मध्य प्रदेश में मिलल सम्मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी के प्राणि विज्ञान डिपार्टमेंट के प्रो.केशव सिंह के “एसएलएस सर्वश्रेष्ठ वैज्ञानिक पुरस्कार 2023” मिलल बा। सोसाइटी ऑफ लाइफ साइंसेज, सतना के 13वां ऐनुअल सेशन आ AKS यूनिवर्सिटी, मध्य प्रदेश के ओर से “एडवांस एंड इन्नोवेशंस इन बायोटेक्नोलॉजी फॉर सस्टेनेबल डेवलपमेंट एंड बायोइकोनामी (एआई-बीएसबीबी 2023)” सब्जेक्ट पs आयोजित अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन के अवसर पs सोसाइटी ऑफ लाइफ साइंसेज के ओर से जीवन विज्ञान के क्षेत्र में उत्कृष्ट शैक्षणिक योगदान आ उपलब्धियन खातिर “एसएलएस बेस्ट साइंटिस्ट अवार्ड 2023” से सम्मानित कइल गइल।

प्रो. केशव सिंह अपना शोध टीम के संगे डीडीयू के प्राणि विज्ञान डिपार्टमेंट के वर्मी बायो टेक्नोलॉजी, प्रयोगशाला में वर्मी कम्पोस्ट (केंचुआ खाद) आ वर्मी कम्पोस्ट के गुणवत्ता बढ़ावे आ केंचुआ प्रजनन पs लमहर समय से उत्कृष्ट आ गुणवत्ता पूर्ण समाज उपयोगी आ छात्रन के उपयोगी शोध कार्य कs रहल बाड़ें। एह उपलब्धि पs यूनिवर्सिटी के टीचर्स खुसी व्यक्त कइले बा लो।

कॉलेज के शिक्षक करिया पट्टी बांधके काम कइल लो

DDU से संबद्ध कॉलेज शिक्षक संघ (गुवाक्टा) के आह्वन पs सनीचर के कॉलेजन के टीचर्स बायोमेट्रिक के विरोध में करिया पट्टी बांधके काम कइल लो। महाविद्यालय शिक्षक संघ के अध्यक्ष प्रो. केडी त्रिपाठी आ महामंत्री डॉ. धीरेंद्र सिंह कहलें कि शिक्षकन के संगे मनमाना बेववहार संघ बर्दाश्त ना करी।

शिक्षक नेता लो कहल कि एह तरे के फरमान के देवरिया, कुशीनगर आ गोरखपुर जिला के महाविद्यालय शिक्षक बर्दाश्त ना करी लो। ऊ बतवलें कि बायोमैट्रिक उपस्थिति के अव्यावहारिकता के लेके उच्च शिक्षा निदेशक के संघ के ओर से प्रतिवेदन भेज दिहल गइल बा। ऊ कहलें कि एह आदेस के विरोध में आगहू कार्य दिवस पs शिक्षक करिया पट्टी बांधके आपन विरोध व्यक्त करी लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]