[the_ad_group id="30365"]

बरेली के युवक के बेचलस जुवती: 63 हजार में बियाह खातिर भइल सौदा, गरीब बेटियन के सौदेबाज बंटी-बबली गइल जेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरेली के जुवक से जुवती के 63 हजार रुपिया में सौदा करे के आरोप में पुलिस डॉक्टर जयकरन आ प्रियंका के गिरफ्तार कs लेलस। सनीचर के पुलिस आरोपियन के कोर्ट में पेश कइलस, जहां से ओकनी के जेल भेज दिहल गइल। आरोपी जयकरन पूछताछ में 40 से बेसी जुवक-जुवतियन के बियाह करावे के बात स्वीकार कs लेले बा।

हालांकि, जुवती के किने आइल बरेली के जुवक पs पुलिस मेहरबान दिखल। ओह पs पुलिस कार्रवाई से ई कहत तौबा कs लेलस कि ऊ तहरीर में मदद के नाम पs 63 हजार रुपिया देवे के बात लिखले बिया। पुलिस ओकर मंशा जांचे के जगह ओकरा के पीड़ित बनाके कार्रवाई कs देले बिया। जबकि हकीकत ई बा कि जुवक आपन तहरीर में खुद लिखले बा कि ऊ बियाह खातिर रुपिया देले रहे। जुवती के सौदेबाजी के आरोपी जयकरन कैंपियरगंज के माधवपुर, जबकि गीता उर्फ प्रियंका रसूलपुर के रहे वाला बा।

जानकारी के मोताबिक, बरेली के सिरौली मुगलपुर के रहे वाला राजकुमार बियाह करे खातिर गोरखपुर आइल रहे। ऊ खुद बतवलस कि अपना फूफा के लईका शिवपुरी सिरौली के  प्रशांतदीप आ फूफा के संगे कार से बियाह करे आइल। सकरले  बा कि 63 हजार रुपिया में जुवती से बियाह के सौदा तय भइल रहे। इहां अइला पs जयकरन एगो युवती के कार में बइठवलस आ साथे भेज देलस।

एने, बेतियाहाता के लगे पहुंचला पs जुवती शोर मचाने लागल तs लोग कार के रोक लिहल। कैंट पुलिस चारों के पकड़के थाना ले आइल। देर रात जुवती के ओकर मां थाना आके घरे ले गइल। एही के बाद एगो बात तs साफ हो गइल रहे कि जुवती के सौदेबाजी कइल गइल बा।

पूछताछ में जयकरन बतवलस कि ऊ हरियाणा आ राजस्थान में 40 से बेसी जुवतियन के बियाह करवा चुकल बा। अब एकर होखला के बाद पुलिस कड़ाई से पूछताछ कइलस तs ऊ इहो बता देलस कि घर से जुवती के बुलावे खातिर ऊ प्रियंका के भेजत रहे।

ऑटो चलावत बा जयकरन, खुद कइले रहे अइसही बियाह 

कैंपियरगंज में रहे वाला जयकरन ऑटो चलावेला। ऊ पुलिस के बतवलस कि खुद के बियाहो अइसने कइले रहे। एकरा बाद से ऊ जुवतियन के बियाह करावे लागल। हालांकि, संदेह बा कि जयकरन ऑटो चलावे के बहाने गरीब बस्तियन में पैठ बनावेला आ फेर ओह लोगन के बेटियन के मदद के बहाने बेचे के काम करेला। पुलिस एकरा से पूछताछ के आधार पs एगो आउर आरोपी के हिरासत में लेले बिया। ओकर भूमिका के जांच कइल जा रहल बा।

गैर धर्म के रहे जुवती, फेर हिंदू से बियाह कइसे

एह पूरा ममिला में एगो नया तथ्य सामने आ गइल बा। जवना जुवती के बियाह खातिर बरेली भेजल जात रहे, ऊ हिंदू नइखे। जबकि, बरेली के राजकुमार से ओकर बियाह तय करावल गइल रहे। इहे वजह बा कि एह ममिला में पुलिस गंभीरता से जांच कs रहल बिया। पुलिस जुवती के मां से बयान लेले बिया, बाकिर ऊ कुछ खास जानकारी नइखी देले। अब पुलिस आउर स्रोतन से जांच कs रहल बिया।

पुलिस दु आरोपियन केवगिरफ्तार कs के जेल भिजवा दिहल गइल बा। ममिला के जांच जारी बा। जांच आ साक्ष्यन के आधार पs आगे कार्रवाई कइल जाई। – मनोज अवस्थी, एसपी नार्थ

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]