[the_ad_group id="30365"]

पीएम नरेंद्र मोदी लड़ाकू विमान तेजस में भरले उड़ान, तस्वीर शेयर करत कहले इ बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बेंगलुरु चहुँप गइल बाड़न। इहाँ उ हल्का वजन वाला लड़ाकू विमान तेजस में उड़ले। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी लड़ाकू विमान तेजस में बेंगलुरु में उड़ान भरले। बता दीं कि पीएम मोदी बेंगलुरु में हिंदुस्तान एयरोनॉटिक्स लिमिटेड के सुविधा के दौरा कइले रहले। एह संबंध में जानकारी पीएमओ के ओर से भी दिहल गईल। बता दीं कि हल्का लड़ाकू विमान तेजस देशी हs। बता दीं कि कई देश तेजस लड़ाकू विमान खरीदे में रुचि देखवले बाड़े।अमेरिकी रक्षा दिग्गज जीई एयरोस्पेस भी पीएम मोदी के यात्रा के दौरान एमके-2-तेजस के इंजन के संयुक्त रूप से उत्पादन करे के समझौता एचएएल के संगे कईले रहे।

पीएम मोदी ट्वीट कइले बाड़न

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भी एह उड़ान के तस्वीर शेयर कईले बाड़े। ए तस्वीर में पीएम मोदी वायुसेना के पायलट के वर्दी में देखाई देतारे। ए तस्वीर के साझा करत उ ट्वीट कs लिखले कि, ‘आज तेजस में उड़ान भरत घरी हम बहुत गर्व से कहन कि हमनी के मेहनत अवुरी लगन के चलते हमनी के आत्मनिर्भरता के क्षेत्र में दुनिया के केहु से कम नईखी।’ भारतीय वायुसेना, डीआरडीओ आ एचएएल के साथे सभे भारतीय लोग के दिल से बधाई। बता दीं कि एह साल अप्रैल महीना में रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह कहले रहले कि भारत के रक्षा निर्यात 15,920 करोड़ रुपिया के अबले के उच्चतम स्तर पs चहुँप गइल बा। उ एकरा के देश खातीर एगो उल्लेखनीय उपलब्धि बतवले।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]