राष्ट्रपति मुर्मू, पीएम मोदी आ खरगे समेत दिग्गज नेता बाबा साहेब अंबेडकर के दिहलें श्रद्धांजलि

Minee Upadhyay
- Sponsored Ads-

बाबासाहेब भीमराव अम्बेडकर के 69वीं पुण्यतिथि पs राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आ पीएम मोदी समेत कई गो राजनीतिक हस्ती उनुका के श्रद्धांजलि दिहलन. राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू भुवनेश्वर के एजी स्क्वायर में जाके बाबा साहेब भीमराव अम्बेडकर के मूर्ति के पुष्प श्रद्धांजलि अर्पित कईले। एकरा बाद उs एयरपोर्ट खातिर रवाना हो गईली। एकरा संगे राष्ट्रपति मुर्मू अपना गृह जिला मयूरभंज के दौरा भी करे के योजना बनवले बाड़ी.

पीएम मोदी बियफे के दिने संविधान निर्माता बाबासाहेब भीमराव अंबेडकर के पुण्यतिथि पs श्रद्धांजलि दिहलन आ कहलन कि “आजु जब देश उनुका योगदान के याद करेला तs ऊ एक बेर फेरू आपन विजन पूरा करे के प्रतिबद्धता दोहरवले बा”. उ ‘एक्स’ पs एगो पोस्ट में कहले कि, “महापरिनिर्वाण दिवस पs हमनी के अपना संविधान के निर्माता अवुरी सामाजिक न्याय के आइकन डॉ. बाबासाहेब के प्रणाम करतानी।”

- Sponsored Ads-

कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे बाबासाहेब भीमराव अम्बेडकर के महापरिनिर्वाण दिवस पs बियफे के दिने कहलन कि बाबासाहेब के आदर्श आ विचारन के रक्षा आजु के समय के बहुते जरुरत बा.”

कांग्रेस पार्टी भी बाबा साहेब अम्बेडकर के याद कईलस। पार्टी के ओर से उs अपना अधिकारी एक्स हैंडल पs लिखले उनुकर आदर्श अवुरी विचार हमनी के युगों-युगों तक न्याय के राह पs आगे बढ़े खातीर प्रेरित करीं

इहो पढ़ीं: रेसपी: जाड़ा से बचाइ चना के साग, बाजरा के रोटी से खइले में लागेला मजेदार

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।