महाराष्ट्र: बीजेपी के लगे रही गृह मंत्रालय, आजु CM आ 2 गो डिप्टी सीएम लिहें शपथ

Minee Upadhyay
आजु CM आ 2 गो डिप्टी सीएम लिहें शपथ
- Sponsored Ads-

महाराष्ट्र के बहुत जल्दी आपन सीएम अवुरी डिप्टी सीएम मिले वाला बा।  सूत्रन के हवाला से ई खबर सामने आइल बा कि आजु सीएम आ दू गो डिप्टी सीएम महाराष्ट्र में शपथ लीहें. हालांकि गृह मंत्रालय भाजपा के संगे रही। तीनों दल में मंत्रालय के बंटवारा हो गईल बा। अब देखे के बा कि सरकार में के मंत्री बनता?

बुध के दिने का भइल?

- Sponsored Ads-

बियफ़ें के महाराष्ट्र में सरकार बनावल जाई। बुध के देवेंद्र फणवीस के भाजपा विधायिका पार्टी के नेता चुने के औपचारिकता भी पूरा हो गईल।  देवेंद्र फडणवीस बियफ़ें के सांझ आजाद मैदान में चालीस हजार लोग के सोझा मुख्यमंत्री के शपथ लीहे।  जबकि अजीत पवार अवुरी एकनाथ शिंदे उपमुख्यमंत्री के शपथ लीहे।

बुध के एकनाथ शिंदे के रुख पूरा तरीका से बदल गईल रहे।  देवेंद्र फडणवीस भी शिंदे के इज्जत के विशेष ध्यान रखले।  शिंदे कहले कि जईसे पिछला बेर देवेंद्र फडणवीस मुख्यमंत्री पद खातीर उनुकर समर्थन कईले रहले, ओसही अबकी बेर उs फडणवीस के समर्थन करतारे।

देवेंद्र फडणवीस कहले कि मुख्यमंत्री चाहे उपमुख्यमंत्री के पद खाली औपचारिकता हs। इs सब तकनीकी मामला हs।  जमीनी हकीकत इs बा कि पहिले भी तीनों नेता एक संगे फैसला लेत रहले।  भविष्य में भी सब लोग मिलजुल के काम करी। बाकिर अजीत पवार आ एकनाथ शिंदे एक दोसरा पs अतना कटाक्ष कईले कि सभे हँसे लागल.

असल में प्रेस कांफ्रेंस में तीनों देवेंद्र फडणवीस, एकनाथ शिंदे अवुरी अजीत पवार बईठल रहले। जब प्रेस कांफ्रेंस चलत रहे तs अजीत पवार कहले कि आप लोग के शिंदे के फैसला के इंतजार करे के चाही, बाकिर हम काल्ह शपथ लेवे वाला बानी।  हम रुके वाला नइखीं।  एह पर शिंदे व्यंग्यात्मक अंदाज में कहले कि, ‘दादा के सबेरे अवुरी सांझ दुनों शपथ लेवे के अनुभव बा।’  एकरा बाद उहाँ मौजूद सब लोग हँसे लागल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।