[the_ad_group id="30365"]

गुजरात में बेमौसम बारिश के कहर, बिजली गिरले से 20 लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

काल्हु गुजरात में असमय मूसलाधार बरखा के चलते सामान्य जिनिगी बाधित हो गइल। भारी बरखा के चलते 14 लोग के जान चल गईल। सरकारी विभाग के मुताबिक बिजली के चलते ए सभ 20 लोग के मउत हो गईल। एकरा संगे मरेवाला के संख्या बढ़े के भी आशंका बा। भारी बरखा के चलते 40 गो मवेशी के भी मउत हो चुकल बा। भारी बरखा के सबसे बड़ असर गुजरात के अमरेली, अमरेली, सुरेन्द्रनगर, मेहसाणा, बोटाड, पंचमहल, खेड़ा, सबरकांठा, सूरत अवुरी अहमदाबाद जिला में भईल बा। भारी बरखा के संगे ए जिला में 5 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से तेज हवा भी चलल बा।

महाराष्ट्र के नासिक में बेमौसम बारिश के चलते फसल क्षतिग्रस्त

बेमौसम बरखा के संगे-संगे महाराष्ट्र के नासिक जिला में बहुत इलाकन में ओला के तूफान भी गिरल। एकरा चलते किसान के फसल के भारी नुकसान भईल बा। नासिक के निफाद, लसलगांव, मनमाद आ चांदवाड इलाका में गरज आ बिजली के साथे बरखा भइल। जवना के चलते किसान के अंगूर अवुरी प्याज के खेती में भारी नुकसान के आशंका बा। एही बीच नासिक के गंगापुर बांध से जयकवाड़ी में पानी छोड़ला के चलते गोदावरी नदी के जलस्तर बढ़ गईल बा। एकरा चलते पर्यटकन के गाड़ी नदी के किनारे पानी में फंस गईल। दूसर ओर बेमौसम बरखा के चलते शहर के बहुत इलाकन में बाढ़ के खतरा बा।

अमित शाह 20 लोग के मउत पs दुख जतवले

अमित शाह अतवार के रात सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘एक्स’ पs लिखले कि, ‘गुजरात के अलग-अलग शहर में खराब मौसम अवुरी बिजली के चलते बहुत लोग के मउत के खबर से हम बहुत दुखी बानी। एह त्रासदी में अपना प्रियजन के गँवावे वालन के अपूरणीय क्षति खातिर हम आपन गहरा संवेदना व्यक्त करत बानी। स्थानीय प्रशासन राहत कार्य में लागल बा। घायल लोग के जल्दी ठीक होखे के दुआ बा।’

मौसम विभाग के कहनाम बा

भारत के मौसम विभाग (आईएमडी) सोमार के दिने कम बरखा के संभावना बा। एसईओसी के संकलित आंकड़ा के मुताबिक गुजरात के 252 तालुका में से 234 तालुका में अतवार के बरखा भईल। सूरत, सुरेंद्रनगर, खेड़ा, तापी, भरूच आ अमरेली जिला में 16 घंटा में 50-117 मिमी बरखा दर्ज भइल जवना से जीवन बाधित हो गइल आ फसल के नुकसान भइल। राजकोट के कुछ हिस्सा में ओला पड़ल। अधिकारी बतवले कि बरखा से फसल के नुकसान के अलावे सौराष्ट्र क्षेत्र के मोरबी जिला में कारखाना बंद होखला के चलते सिरेमिक उद्योग भी प्रभावित भईल बा। आईएमडी के अहमदाबाद केंद्र के निदेशक मनोरमा मोहंती बतवली कि सोमार के दिने बरखा कम होखी आ दक्षिण गुजरात आ सौराष्ट्र जिला के कुछ हिस्सा में बरखा केन्द्र होखी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]