प्रधानमंत्री म्यूजियम राहुल गांधी के लिखलस पत्र, नेहरू जी के खत वापस करीं

Minee Upadhyay
प्रधानमंत्री म्यूजियम राहुल गांधी के लिखलस पत्र
- Sponsored Ads-

प्रधानमंत्री संग्रहालय आ पुस्तकालय (पीएमएमएल) सोसाइटी के सदस्य रिज़वान कादरी कांग्रेस नेता राहुल गांधी के चिट्ठी लिख के पूर्व प्रधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू के चिट्ठी वापस करे के कहले बाड़। पीएमएमएल के मानल ​​बा कि ई ऐतिहासिक महत्व के दस्तावेज हवें आ एह सभ ले पहुँच जरूरी बा। ई चिट्ठी जवाहरलाल नेहरू स्मारक द्वारा 1971 में नेहरू स्मारक संग्रहालय आ पुस्तकालय (अब पीएमएमएल) के दिहल गइल रहे। दरअसल यूपीए के राज में 2008 में नेहरू के 51 बक्सा में पैक कईल निजी चिट्ठी सोनिया गांधी के पहुंचावल गईल रहे। नेहरू ई चिट्ठी एडविना माउंटबेटन, अलबर्ट आइंस्टाइन, जयप्रकाश नारायण, पद्मजा नायडू, विजया लक्ष्मी पंडित, अरुणा आसफ़ अली, बाबू जगजीवन राम आ गोविंद बल्लभ पंत आदि के लिखले बाड़न.

सोनिया गांधी के भी पत्र
पीएमएमएल के सदस्य रिज़वान कादरी 10 दिसंबर के राहुल गांधी के पत्र लिख के इs चिट्ठी वापस करे के कहले बा। एकरा से पहिले सितंबर में सोनिया गांधी के चिट्ठी भी लिखल गईल रहे। अब राहुल गांधी से कहल गइल बा कि भा तs सोनिया गाँधी से मूल चिट्ठी ले लीं भा ओकर फोटोकॉपी भा डिजिटल कॉपी ले लीं.

- Sponsored Ads-

अब भाजपा भी एs मामला पs प्रतिक्रिया देले बिया। भाजपा के आईटी विभाग प्रमुख अमित मालवीया एगो पोस्ट डलले बाड़न. जवना में ऊ लिखले बाड़न कि ई दिलचस्प बा! अब प्रधानमंत्री म्यूजियम एंड लाइब्रेरी (पहिले नेहरू म्यूजियम एंड लाइब्रेरी) से पता चलल बा कि यूपीए के तत्कालीन अध्यक्ष सोनिया गांधी कथित तौर पs अपना संगे जवाहरलाल नेहरू के लिखल 51 चिट्ठी के बक्सा एडविना माउंटबेटन समेत अलग-अलग हस्ती के ले गईल रहली।  अब ई चिट्ठी वापस मागल गइल बा.

इहो पढ़ीं: जाकिर हुसैन के घुंघराला बाल पs सभे रहे फिदा, सवाल पूछले पs मिलल रहे जवाब

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।