अरविंद केजरीवाल नई दिल्ली, CM आतिशी कालकाजी से लडिहें चुनाव; AAP के 38 उम्मीदवारन के लिस्ट जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 15, 2024

AAP Candidates List 2025 : आम आदमी पार्टी (आप) अतवार के दिल्ली विधानसभा चुनाव खातिर चउथो लिस्ट जारी कs देलस। दिल्ली के मुख्यमंत्री आतिशी कालकाजी विधानसभा सीट से आ आम आदमी पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल

Share

अरविंद केजरीवाल नई दिल्ली, CM आतिशी कालकाजी से लडिहें चुनाव; AAP के 38 उम्मीदवारन के लिस्ट जारी

AAP Candidates List 2025 : आम आदमी पार्टी (आप) अतवार के दिल्ली विधानसभा चुनाव खातिर चउथो लिस्ट जारी कs देलस। दिल्ली के मुख्यमंत्री आतिशी कालकाजी विधानसभा सीट से आ आम आदमी पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल नई दिल्ली सीट से चुनाव लडिहें।

चउथा लिस्ट में 38 प्रत्याशियन के टिकट दिहल गइल बा। एकरा संगही आम आदमी पार्टी सब 70 सीटन पs आपन उम्मीदवार उतार देले बिया। 

एह कृष्ण भजन के एक बेर जरुर सुनीं: Bhor Bhail Mohan|भोर भइल मोहन| @theshalinidubey |folk | Krishna Bhajan | Yayawari Via Bhojpuri|

देखीं समूचा लिस्ट-

विधानसभा सीटउम्मीदवार का नाम
बुराड़ीसंजीव झा
बादलीअजेश यादव
रिठालामोहिंदर गोयल
बवानाजय भगवान
सुल्तान पुर माजरामुकेश कुमार अहलावत
नांगलोई जाटरघुविंदर शौकीन
शालीमार बागवंदना कुमारी
शकूरबस्तीसत्येन्द्र कुमार जैन
त्रिनगरप्रीति तोमर
वजीरपुरराजेश गुप्ता
मॉडल टाउनअखिलेश पति त्रिपाठी
सदर बाजारसोमदत्त
मटिया महलशोएब इक़बाल
बल्लीमारानइमरान हुसैन
करोल बागविशेष रवि
मोती नगरशिवचरण गोयल
हरि नगरराज कुमारी ढिल्लों
राजौरी गार्डनधनवती चंदेला
तिलक नगरजरनैल सिंह
विकासपुरीमहिंदर यादव
उत्तम नगरपॉश बालियान (पूजा नरेश बालियान)
द्वारका विनय मिश्रा
दिल्ली छावनीवीरेंद्र सिंह कादियान
राजिंदर नगरदुर्गेश पाठक
नई दिल्लीअरविंद केजरीवाल
कस्तूरबा नगररमेश पहलवान
मालवीय नगरसोमनाथ भारती
आरके पुरम प्रमिला टोकस
महरौलीनरेश यादव
अंबेडकरनगर अजय दत्त
संगम विहारदिनेश मोहनिया
ग्रेटर कैलाशसौरभ भारद्वाज
कालकाजीआतिशी
कोंडली कुलदीप कुमार
बाबरपुरगोपाल राय
गोकलपुरसुरेंद्र कुमार
तुगलकाबादसहीराम
ओखलाअमानतुल्लाह खान

रमेश पहलवान को कस्तूरबा नगर से मिला टिकट

आम आदमी पार्टी के चउथा लिस्ट में आजे पार्टी में पार्षद पत्नी सहित भाजपा से आप में सामिल भइल रमेश पहलवान के कस्तूरबा नगर सीट से टिकट दिहल गइल बा।

मदनलाल के कटल टिकट

आम आदमी पार्टी के चउथा लिस्ट में खाली एगो विधायक मदनलाल के टिकट कटल बा। ओहिजा, गैंगस्टर से संबंधन के आरोप में जेल में बंद उत्तम नगर से विधायक नरेश बाल्यान के पत्नी पोश उर्फ पूजा नरेश बाल्यान के टिकट दिहल गइल बा।

एकरा पहिले आप के राजनीतिक ममिलन के समिति के अध्यक्ष अरविंद केजरीवाल के अध्यक्षता में बैठक में प्रत्याशियन के नाम पs लमहर चरचा भइल। एकरा बाद प्रत्याशियन के नया सूची पs मोहर लगा दिहल गइल।

इहो पढ़ीं: IND vs AUS: स्टीव स्मिथ खतम कइले 25 पारियन आ डेढ़ साल के इंतजार, गाबा में गरजल बल्ला, जमवलें 33वां शतक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.