[the_ad_group id="30365"]

PM मोदी के असम दौरा में भाषण के अहम बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

असम खातिर जौन शांति समझौता के बात भइल रहे, ओकर पालन करावल जा रहल बा। भाजपा के डबल इंजन सरकार जुवा लोग के नया अवसर देहले खातिर प्रतिबद्ध बा।
असम के स्थाई शांति अउर तेज विकास खातिर जौन समझौता भइल रहल, ओके जमीन पर उतरले के काम कइल जा रहल बा।
असम में 2600 से ज्यादा अमृत सरोवर बनवले के काम चल रहल बा। ई जन भागीदारी से कइल जा रहल बा।
2014 के बाद से नॉर्थ ईस्ट में मुश्किल कम हो रहल बा, लोग के विकास हो रहल बा। आज जब केहू असम के जनजातीय क्षेत्र में आवेला, नॉर्थ ईस्ट के दूसर राज्य में जाला, त हालात के बदलत देख के ओहू के निम्मन लागेला।
रउआ हमके समझले बानीं, अउर दिल से समझवले भी बानीं। रउआ के सपना के पूरा करे खातिर हमनीके जुटल बानीं जा, अउर रउओ जुटल बानें। मिलके पूरा कइल जाई।
असम में जइसे-जइसे शांति लौट रहल बा, ओइसे-ओइसे नियमओ बदलल जा रहल बा। हमनीके एही वजह से AFSPA (आर्म्ड फोर्सेज स्पेशल पावर्स एक्ट) में कमी कइले बा। नॉर्थ ईस्ट में हिंसा के घटना में 75% के कमी आइल बा।
लमहर समय ले AFSPA नॉर्थ ईस्ट के अनेक राज्य में रहल बा। लेकिन बीतल 8 साल के दौरान स्थाई शांति अउर बेहतर कानून व्यवस्था लागू होखले के कारण हमनीके AFSPA के नॉर्थ ईस्ट के कई क्षेत्र से हटा देहल गइल बा।
सबका साथ, सबका विकास के भावना के संगे आज सीमा से जुड़ल मामला के समाधान खोजल जा रहल बा। असम अउर मेघालय के बीच बनल सहमति दूसर मामला के प्रोत्साहित करी। एसे एह पूरा क्षेत्र के विकास के आकांक्षा के बल मिली।
हमनी खातिर प्रधानमंत्री योजना सरकार खातिर कृपापात्र के योजना नाइ बा। ई गरीबन के सपना के पूरा कइले के योजना बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]