गोरखपुर के जिलाधिकारी बोलले- समय से पूरा करावल जाए छह से आठ तक के बचवन के कोविड टीकाकरण

By Anurag Ranjan

Published on: May 9, 2022

कायाकल्प फेज दो के तहत गोरखपुर जिले के बेहतर कंपोजिट विद्यालयन के आदर्श विद्यालय के रूप में विकसित कइले के के लक्ष्य निर्धारित कइल गइल बा। संबंधित विद्यालयन में अतिरिक्त कक्षा कक्ष, स्मार्ट क्लास, विज्ञान

Share

कायाकल्प फेज दो के तहत गोरखपुर जिले के बेहतर कंपोजिट विद्यालयन के आदर्श विद्यालय के रूप में विकसित कइले के के लक्ष्य निर्धारित कइल गइल बा। संबंधित विद्यालयन में अतिरिक्त कक्षा कक्ष, स्मार्ट क्लास, विज्ञान लैब, शिक्षकों की उपलब्धता, पौधारोपण अउर मध्याह्न भोजन शेड के निर्माण करावल जाई। एकरे संगही सबसे महत्वपूर्ण ई बा कि विभागीय अधिकारी अउर शिक्षक कक्षा छह से आठ तक के बचवन के कोविड टीकाकरण के नियत समय में पूरा करावल जाए। ई बात जिलाधिकारी विजय किरन आनंद कहने।

कायाकल्प फेज दो के तहत हो रहल काम के देहने विस्तार से जानकारी:

जिलाधिकारी विजय किरन आनंद एनेक्सी सभागार में जिला समन्वयक, बीईओ, एसआरजी व एआरपी की समीक्षा बैठक के संबोधित करत रहने। ऊ सब खंड शिक्षाधिकारियन के ग्राम प्रधान के साथ मिलकर कायाकल्प के कार्य के अउर गति देवे अउरी शिक्षकन अउर प्रधानाध्यापक लोगन के संगे मिल के विद्यालय के शैक्षणिक वातावरण के सुदृढ़ बनवले पर बल देहनें। विद्यालय के सुविधा के सब जन समुदाय ले पहुंचले अउर बचवन के विद्यालय में आकर्षित करे खातिर विभिन्न योजना बनावे अउर ओनके प्रसारित करे खातिर सब खंड शिक्षाधिकारियन अउर शिक्षकन के निर्देशित कइलें।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.