पाकिस्तान के लाहौर में लोगन के दम घोंट रहल बा जानलेवा हवा, AQI पहुंचल 1900 के पार 

Pollution In Pakistan

Share

 

 

 

पाकिस्तान के लाहौर शहर आजुकाल्हु बहुते प्रदूषण के चपेट में लउकत बा. हालात एतना भयावह बा कि ओहिजा के स्थानीय लोग अपना घर में बंद रहे के मजबूर बाड़े। लाहौर में बियफे के दिने हवा के गुणवत्ता के स्तर 1900 पार कs गइल बा. हवा के खराब क्वालिटी से उहाँ के लोग के स्वास्थ्य पs भी असर पड़त देखाई देता। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक पछिला कुछ दिन में सांस में तकलीफ, दमा अवुरी सांस के अन्य समस्या के चलते 15 हजार से जादे लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

लाहौर में शादी-बियाह ले पs रोक लगा दिहल गइल

बढ़त प्रदूषण के कारण वर्तमान में लाहौर में कई तरह के प्रतिबंध लगावल गइल बा। जबले प्रदूषण के स्तर कम ना हो जाई तबले अइसन कवनो गतिविधि के फइलल नइखे दिहल जात. हालात केतना भयावह हो गइल बा एकर अंदाजा एह बात से लगावल जा सकेला कि लाहौर शहर में शादी-बियाह तक पs रोक लगा दिहल गइल बा. पाकिस्तान के कई शहरन में प्रदूषण के हालत एही तरह के बा।

प्रदूषण डब्ल्यूएचओ के सीमा से 500 गुना अधिका

लाहौर के कई इलाका सभ में प्रदूषण के स्तर डब्ल्यूएचओ (विश्व स्वास्थ्य संगठन) द्वारा निर्धारित सीमा से 500 गुना ढेर बा। पिछला कुछ दिन में पाकिस्तान के कई शहरन में एक्यूआई के स्तर 2000 से अधिका हो गइल बा. खुद नवंबर के शुरुआत में उत्तरी पाकिस्तान में आसमान में कोहरा के मोट चादर लउकेला।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-