अमेरिका मे गुंजल गोलियन के तड़तड़ाहट, दु घटना में 2 के मउत, 10 लो घायल

Minee Upadhyay
america

 

अमेरिका के न्यू ऑरलियन्स शहर गोली के आवाज से गूँजत रहे। इहाँ दु अलग-अलग जगह पd भईल फायरिंग में दु लोग के मउत हो गईल बा, जबकि दस लोग घाही होखे के बात कहल जाता। पहिला मामला सेंट रोच इलाका के बा, जहवां 9 लोग घायल भईल बाड़े। दूसरा मामला अलमोनास्टर एवेन्यू ब्रिज के बा। इहाँ गोलीबारी में दु लोग के मउत हो गईल, जबकि एक आदमी घाही हो गईल। घटना के संबंध में जानकारी देत ​​पुलिस कहलस कि अबे ले केहु के गिरफ्तारी नईखे भईल। मामला के जांच कईल जाता।

पहिला घटना सेंट रोच इलाका में भइल

फायरिंग के घटना के जानकारी देत ​​अधिकारी कहले कि दुनो मामला के सिलसिला में अबे ले केहु के गिरफ्तारी नईखे भईल। न्यू ऑरलियन्स पुलिस विभाग के एगो प्रेस विज्ञप्ति के मुताबिक, गोलीबारी के खबर न्यू ऑरलियन्स के सेंट रोच मुहल्ला में दुपहर 3:30 बजे के ठीक बाद मिलल। फायरिंग के जानकारी मिलला के बाद पुलिस टीम मौका पs पहुंचल। पुलिस के ओहिजा आठ लोग घायल हालत में मिलल बा. बतावल जाता कि आठ जने के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। एकरा अलावे एगो घायल आदमी निजी कार से उहाँ पहुंचल।

दूसरा फायरिंग 45 मिनट बाद भईल

45 मिनट बाद पुलिस के ‘अलमोनास्टर एवेन्यू ब्रिज’ पs गोलीबारी के एगो अवुरी घटना के जानकारी मिलल। पुलिस के कहनाम बा कि एगो आदमी के मौका पs मौत हो गईल, जबकि दूसरा के अस्पताल में इलाज के दौरान मौत हो गईल। तिसरका पीड़िता के निजी गाडी से अस्पताल ले जाइल गइल आ ओकर हालत स्थिर रहल पुलिस जनवले बा. दुनो घटना में अबे ले केहु के गिरफ्तारी नईखे भईल पुलिस के कहनाम बा। मामला से जुड़ल कवनो संदिग्ध के बारे में अबे ले कवनो जानकारी उपलब्ध नईखे। पुलिस के कहनाम बा कि मामला के छानबीन होखता।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।