Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

”या तs इमरान खान के हत्या हो जाई भा…”, पाक मंत्री राणा सनाउल्लाह बोललें- गलत दिशा में पहुंचल देस के राजनीति

Imran Khan News: इमरान खान के सत्तारूढ़ पीएमएल-एन के दुश्मन करार देत मंत्री कहलें कि पूर्व पीएम देस के राजनीति के ओह बिंदु पs ले गइल बाड़ें जहां या तs उनकर हत्या कs दिहल जाई भा हमार।

424

Imran Khan News: पाकिस्तान के गृह मंत्री राणा सनाउल्लाह पूर्व पीएम इमरान खान के लेके एगो चउकावे वाला टिप्पणी कइले बाड़ें। इमरान खान के सत्तारूढ़ पीएमएल-एन के ‘दुश्मन’ करार देत मंत्री कहलें कि पूर्व पीएम देस के राजनीति के ओह बिंदु पs ले गइल बाड़ें जहां या तs उनकर हत्या कs दिहल जाई भा हमनी के।

बयान से PTI नेता लोगन में आक्रोश

पूर्व प्रधानमंत्री नवाज शरीफ के करीबी पाकिस्तान मुस्लिम लीग (एन) के वरिष्ठ नेता राणा के टिप्पणी राजनीतिक हलकन, विशेष रूप से इमरान खान के पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) के बीच एगो आक्रोश पैदा कs देले बा। बता दीं कि खान पिछला साल नवंबर में पंजाब के वजीराबाद में एगो रैली के दौरान बंदूक के हमला से बचला के बाद, उनका पs हत्या के प्रयास के पीछे राणा सनाउल्लाह के नाम लेले रहस।

राणा पs हत्या के साजिश के आरोप लगा चुकल बाड़ें इमरान 

इमरान खान हत्या के साजिश में मंत्री राणा के भूमिका खातिर केस दर्ज करत वक्त आवेदन में प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ आ एगो वरिष्ठ आईएसआई अधिकारी के नामन के उल्लेख कइले रहस। अतवार के कुछ निजी टीवी चैनलन के दिहल साक्षात्कार में सनाउल्लाह कहलें कि या तs इमरान खान भा हम मारल जाएम। ऊ अब देस के राजनीति के ओह मुकाम पs ले गइल बाड़ें जहां दुनों में से केहू एके रह सकत बा।

फवाद चौधरी बोललें- इमरान के जान के खतरा

सनाउल्लाह के बयान पs कड़ा प्रतिक्रिया व्यक्त करत पीटीआई नेता आ पूर्व संघीय सूचना मंत्री फवाद चौधरी कहलें, “एह पीएमएलएन गठबंधन सरकार से खान के सीधा जान के खतरा बा। सनाउल्लाह गिरोह चला रहल बाड़ें कि सरकार?” फवाद कहलें कि सुप्रीम कोर्ट शरीफ के नेतृत्व वाला पीएमएलएन के सिसिली माफिया घोषित कs के सही कइले रहे आ उनकर बयान एकर सबूत बा।

494060cookie-check”या तs इमरान खान के हत्या हो जाई भा…”, पाक मंत्री राणा सनाउल्लाह बोललें- गलत दिशा में पहुंचल देस के राजनीति

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.