[the_ad_group id="30365"]

7th Pay Commission: केंद्रीय कर्मचारियन-पेंशनभोगियन के मोदी सरकार के सौगात, 4% बढ़ गइल महंगाई भत्ता, जानीं केतना बढ़ी वेतन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

7th Pay Commission: केंद्रीय कर्मचारियन आ पेंशनधारकन खातिर खुशखबरी बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अध्यक्षता में भइल कैबिनेट के बैठक में केंद्रीय कर्मचारियन आ पेंशनधारकन के महंगाई भत्ता में बढ़ोतरी के फैसला लिहल गइल बा।

महंगाई भत्ता के 38 फीसदी से बढ़ाके 42 फीसदी कs दिहल गइल बा। मोदी सरकार के एह फैसला से एक करोड़ से जादे सरकारी कर्मचारियन आ पेंशनर्स के फायदा होई। हर साल मार्च  महीना में केंद्रीय कर्मचारियन आ पेंशनभोगियन के महंगाई भत्ता में केंद्र सरकार बढ़ोतरी करेले जवना से ओह लोगन के महंगाई से राहत दिलावल जा सके।

केंद्र सरकार के एह फैसला के बाद एक करोड़ से जादे कर्मचारियन आ पेंशनभोगियन खातिर मंहगाई भत्ता (डीए) के मवजूदा 38 फीसदी से चार फीसदी बढ़ाके 42 फीसदी कs दिहल गइल बा। कर्मचारियन आ पेंशनभोगियन खातिर महंगाई भत्ता के गणना श्रम ब्यूरो द्वारा जारी कइल जाये वाला औद्योगिकी श्रमिकन खातिर उपभोक्ता मूल्य सूचकांक (सीपीआई-आईडब्ल्यू) के आधार पs करेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]