Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

7th Pay Commission: केंद्रीय कर्मचारियन-पेंशनभोगियन के मोदी सरकार के सौगात, 4% बढ़ गइल महंगाई भत्ता, जानीं केतना बढ़ी वेतन

596

7th Pay Commission: केंद्रीय कर्मचारियन आ पेंशनधारकन खातिर खुशखबरी बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अध्यक्षता में भइल कैबिनेट के बैठक में केंद्रीय कर्मचारियन आ पेंशनधारकन के महंगाई भत्ता में बढ़ोतरी के फैसला लिहल गइल बा।

महंगाई भत्ता के 38 फीसदी से बढ़ाके 42 फीसदी कs दिहल गइल बा। मोदी सरकार के एह फैसला से एक करोड़ से जादे सरकारी कर्मचारियन आ पेंशनर्स के फायदा होई। हर साल मार्च  महीना में केंद्रीय कर्मचारियन आ पेंशनभोगियन के महंगाई भत्ता में केंद्र सरकार बढ़ोतरी करेले जवना से ओह लोगन के महंगाई से राहत दिलावल जा सके।

केंद्र सरकार के एह फैसला के बाद एक करोड़ से जादे कर्मचारियन आ पेंशनभोगियन खातिर मंहगाई भत्ता (डीए) के मवजूदा 38 फीसदी से चार फीसदी बढ़ाके 42 फीसदी कs दिहल गइल बा। कर्मचारियन आ पेंशनभोगियन खातिर महंगाई भत्ता के गणना श्रम ब्यूरो द्वारा जारी कइल जाये वाला औद्योगिकी श्रमिकन खातिर उपभोक्ता मूल्य सूचकांक (सीपीआई-आईडब्ल्यू) के आधार पs करेला।

491710cookie-check7th Pay Commission: केंद्रीय कर्मचारियन-पेंशनभोगियन के मोदी सरकार के सौगात, 4% बढ़ गइल महंगाई भत्ता, जानीं केतना बढ़ी वेतन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.