गरमी में स्पेशल ट्रेन के होई संचालन: वाराणसी आ लोकमान्य तिलक टर्मिनल के बीच होई संचालन, छपरा के यात्रियन के मिली सुविधा

Share

रेलवे प्रशासन द्वारा गरमी में यात्रियन के भीड़ के धेयान में राखत यात्री जनता के सुविधा खातिर 01053/01054 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-बनारस-लोकमान्य तिलक टर्मिनस साप्ताहिक ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी के संचलन कइल जाई। ई ट्रेन लोकमान्य तिलक टर्मिनस से हर सोमार 01, 08, 15, 22 आ 29 मई आउर 05 जून तक चली। जबकि बनारस से प्रत्येक मंगर 02, 09, 16, 23 आ 30 मई आउर 06 जून 2023 दिन के 06 फेरन खातिर चलावल जाई। छपरा आ आसपास के यात्रियन के एह ट्रेन से विशेष लाभ मिली।

01053 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-बनारस साप्ताहिक ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी 01, 08, 15, 22 आ 29 मई आउर 05 जून, 2023 दिन सोमार के लोकमान्य तिलक टर्मिनस से 12.15 बजे प्रस्थान कs के कल्याण से 12.55 बजे, नासिक रोड से 15.15 बजे, भुसावल से 19.15 बजे, खंडवा से 21.45 बजे, दूसरका दिन इटारसी से 00.30 बजे, पिपरिया से 01.42 बजे, जबलपुर से 04.40 बजे, कटनी से 07.05 बजे, मैहर से 07.44 बजे, सतना से 08.30 बजे, मानिकपुर से 10.02 बजे तआ प्रयागराज जं. से 11.50 बजे छूटके बनारस 16.05 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 01054 बनारस-लोकमान्य तिलक टर्मिनस साप्ताहिक ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी 02, 09, 16, 23 आ 30 मई आउर 06 जून 2023 दिन मंगर के बनारस से 20.30 बजे प्रस्थान कs के दूसरका दिन प्रयागराज जं. से 00.27 बजे, मानिकपुर से 02.05 बजे, सतना से 03.05 बजे, मैहर से 03.32 बजे, कटनी से 04.30 बजे, जबलपुर से 06.10 बजे, पिपरिया से 08.20 बजे, इटारसी से 10.15 बजे, खंडवा से 12.53 बजे, भुसावल से 14.45 बजे, नासिक रोड से 18.40 बजे, इगतपुरी से 20.50 बजे आ कल्याण से 22.43 बजे छूटके लोकमान्य तिलक टर्मिनस 23.55 बजे पहुंची।

गरमी के छुट्टी में वापस आवे खातिर ई यह ट्रेन बहुते कारगर साबित होई। पूर्वोत्तर रेलवे के यात्रियन के एह ट्रेन से विशेष लाभ मिली। एह गाड़ी में एल.एस.आर.डी. के 01, जनरेटर सह लगेज यान के 01, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 06, साधारण द्वितीय श्रेणी के 06 आ शयनयान श्रेणी के 08 कोच सहित कुल 22 कोच लगावल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-