[the_ad_group id="30365"]

पटना हाईकोर्ट: एडवोकेट एसोसिएशन के चुनाव परिणाम घोषित, शैलेंद्र सिंह बनलें अध्यक्ष, उपाध्यक्ष पद पs तीन के जीत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना हाइकोर्ट के सबसे बड़ अधिवक्ता संघ एडवोकेट्स एसोसिएशन के चुनाव परिणाम अतवार के घोषित कs दिहल गइल।

अध्यक्ष के पद पs अधिवक्ता शैलेन्द्र कुमार सिंह चुनाव जीत गइल बाड़ें। ऊ आपन प्रतिद्वंद्वी वरीय अधिवक्ता राजेंद्र नारायण, वरीय अधिवक्ता राजीव कुमार वर्मा आ अधिवक्ता प्रेम कुमार झा के हरवलें।

उपाध्यक्ष के तीन पद पs चौबे जवाहर, छाया मिश्र आ शैलेंद्र कुमार सिंह जीत हासिल कइल लो। महासचिव पद पs अधिवक्ता जय शंकर चुनाव जीत गइल बाड़ें।

अधिवक्ता पुष्पा सिन्हा कोषाध्यक्ष के पद खातिर चुनाव जीत गइल बाड़ी। कार्यकारिणी समिति के पद पs अधिवक्ता अनीता कुमारी, विकास कुमार झा, नीतू कुमारी, एससी मिश्रा आ सुनील कुमार सिंह जीत हासिल कइल लो।

नवनिर्वाचित उपाध्यक्ष छाया मिश्र कहली की हर कोर्ट में महिला वकीलन खातिर साफ सुथरा शौचालय के निर्माण उनकर प्राथमिकता बा।

नवोदित वकीलन खातिर केरल के तरे स्टाइपेंड के संस्थागत बेवस्था होई आ राजस्थान लेखा बिहारो में एडवोकेटस प्रोटेक्शन एक्ट लागू करवावे के कोसिस कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]