[the_ad_group id="30365"]

पुलिस भर्ती परीक्षा…1 लाख अभ्यर्थी बइठी लो : 47 केंद्रन के परीक्षा, हर पाली में 25,772 अभ्यर्थी होई लो सामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश पुलिस भर्ती बोर्ड के ओर से 17 आ 18 फरवरी के आयोजित पुलिस भर्ती परीक्षा में गोरखपुर के 47 केंद्रन पs 1,030,88 अभ्यर्थी परीक्षा दी लो। हर दिन दु पालियन में होखे वाली परीक्षा में हर पाली में 25,772 अभ्यर्थी सामिल होई। परीक्षा के दौरान सुरक्षा बहुत पुख्ता कइल गइल बा।

केंद्र पs अभ्यर्थियन के आंखन के स्कैनिंग कइला के बादे उनका अंदर प्रवेश मिली। एकरा खातिर दु घंटा पहिलही अभ्यर्थियन के पहुंचे के होई। परीक्षा में कवनो तरे के गड़बड़ी से निपटे खातिर चार उड़न दस्ता आ 16 मजिस्ट्रेट के तैनाती कइल गइल बा। ओहिजा, ट्रैफिक के लेके इंतजाम कइल गइल बा।

सबेरे 10 बजे से फेर दुपहरिया 12 बजे से होई परीक्षा

परीक्षा के नोडल अधिकारी SP सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई बतवलें, 17 आ 18 फरवरी के दु-दु पालियन में परीक्षा आयोजित होई। पहिला पाली के परीक्षा सबेरे 10 से 12 बजे आ दूसरका पाली के दुपहरिया तीन से सांझ पांच बजे तक होई। परीक्षा केंद्र से 200 मीटर के दायरा में केहूओ के एंट्री ना होई। अभ्यर्थियों के अपना केंद्र पs दूर घंटा पहिले पहुंचे के होई आ आधा घंटा पहिले ओकर जांच के प्रक्रिया सुरू हो जाई।

आई स्कैन से मिली एंट्री

परीक्षा में सामिल होखे वाला अभ्यर्थियन के आई स्कैन करावे के होई। परीक्षा के सूचिता खातिर चार उड़न दस्ता, 16 मजिस्ट्रेट के संगे हर केंद्र पs एगो केंद्र पर्यवेक्षक आ स्टेटिक मजिस्ट्रेट के तैनात कइल गइल बा। इंस्पेक्टर आ सब इंस्पेक्टर के केंद्र पर्यवेक्षक आ राजस्व अधिकारी सहित आउर अधिकारियन के स्टेटिक मजिस्ट्रेट बनावल गइल बा।

CCTV कैमरन के निगरानी में होई परीक्षा

SP सिटी बतवलें, अभ्यर्थियन के आवागमन के सुविधा खातिर रोडवेज के ARM 400 अतिरिक्त बसन के इंतजाम कइल गइल बा। जवना रूट से जादे अभ्यर्थी आई लो। ओह पs रोडवेज के बसन के संख्या बढ़ावल जाई। पूरा परीक्षा CCTV कैमरन के निगरानी में होई। केंद्रन पs लागल CCTV कैमरन के कंट्रोल रूम से जोड़ल जा रहल बा। कंट्रोल रूम में बइठल टीम केंद्रन पs होखे वाला परीक्षा के निगरानी करी। ट्रैफिक बेवस्था खातिर अलग से फोर्स लगावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]