[the_ad_group id="30365"]

हिट एंड रन के खिलाफ दु दिन के चक्का जाम : पटना में सड़क पs उतरी लो ड्राइवर; जीपीओ से डाकबंगला चौराहा तक करी लो मार्च

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हिट एंड रन के खिलाफ आज आ बिहान पूरा बिहार में ड्राइवरन के स्ट्राइक बा। ऑल इंडिया रोड ट्रांसपोर्ट वर्कर फेडरेशन के ओर से पहिलही 16 आ 17 फरवरी के चक्का जाम के ऐलान कइल गइल रहे। एमे सब चालक संघ सामिल हो रहले बाड़ें सs।

धीरे-धीरे राजधानी पटना में सड़क पs गाड़ियो कम नजर आ रहल बाड़ी सs। संगठनन के ओर से सबेरे कुछ गाड़ियन खातिर परीक्षार्थियन के पहुंचावे के छूट दिहल गइल रहे। उहे गाड़ी नजर आ रहल बाड़ी सs। एकरा अलावे खाली निजी वाहन लउक रहल बा। एह चक्का जाम के सफल बनावे खातिर ऑल इंडिया रोड ट्रांसपोर्ट वर्कर फेडरेशन के बैनर तले मार्चो कइल जाई। ई मार्च जीपीओ गोलंबर से सुरू होई।

बता दीं कि नया कानून में ‘हिट-एंड-रन’ सड़क दुर्घटना ममिलन के संबंध में सात लाख के जुर्माना आ 10 साल के सजा के प्रावधान कइल गइल बा। सजा के विरोध में ट्रक ड्राइवर्स में नाराजगी बा। ट्रक ड्राइवरन के कहनाम बा कि एतना राशि हमनी के लगे रहित तs हमनी के ड्राइवर काहे बनती सs?

ना चलिहें सs वाहन

ऑल इंडिया रोड ट्रांसपोर्ट वर्कर फेडरेशन के महासचिव राजकुमार झा, सदस्य बिजली प्रसाद बतवलें कि शहर के अंदर 15 से 20 प्रतिशत गाड़ी चल रहल बाड़ी सs। खाली मैट्रिक के परीक्षा के चलते ई छूट दिहल गइल बा। दु दिन तक पूर्ण रूप से चक्का जाम रही।

हड़ताल में शामिल ऑटो, ई-रिक्शा, कैब, ट्रक, बस, लॉरी चालक संघ कावर से ऑल इंडिया रोड ट्रांसपोर्ट वर्कर फेडरेशन के बैनर तले पटना के जीपीओ गोलंबर से पैदल मार्च कइल जाई। ई मार्च इहां से पटना के डाकबंगला चौराहे तक जाई।

बस नइखी सs खुलल

राजकुमार झा दावा कइले कि बैरिया बस स्टैंड से सबेरे कुछ बसे खुलल बाड़ी सs, बाकिर अब ना खुली। सबकर समर्थन मिलल बा। जवना के बादे ई निर्णय लिहल गइल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]