सहारनपुर के मंदिर में मवजूद बहुत पुरान इनार पs टिकलऽ ASI के नजर, खुदाई के दौरान जवन मिलल, सब रह गइले हक्का – बक्का

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2024

Saharanpur: सहारनपुर के इ इनार एह समय चर्चा में बनलऽ बा । भारतीय पुरातत्व विभाग (ASI) के नजरो एह इनार पs जा टिकलऽ बा । दरअसल इ इनार से अचानक प्राचीन काल के मूर्ति, शंख

Share

Saharanpur: सहारनपुर के इ इनार एह समय चर्चा में बनलऽ बा । भारतीय पुरातत्व विभाग (ASI) के नजरो एह इनार पs जा टिकलऽ बा । दरअसल इ इनार से अचानक प्राचीन काल के मूर्ति, शंख आ शिलालेख निकले लागल बा । एकरी बाद हर केहू के नजर एह इनार पs अटक गइलऽ बा । मानलऽ जा रहलऽ बा कि एह इनार के खुदाई पुरान समय के कय गो भेद सामने आ सकत बा ।

 

प्राचीन सिद्ध पीठ में बनल इनार से निकले लागल प्राचीन मूर्ति

दरsअसल सहारनपुर में प्राचीन सिद्ध पीठ गोटेश्वर महादेव के मंदिर बा । मंदिर परिसर में एगो इनारे बनलऽ बा । एह मंदिर के काफी प्राचीन मानलऽ जाला । मंदिर प्रशासन इहवां बनल इनार में खुदाई आ साफ-सफाई करवावत रहे,ओकरा इ यकीन रहे कि खुदाई के बाद इनार में पानी आ सकत बा , बाकी खुदाई के दौरान इनार के नीचे से जवन-जवन निकsलs शुरू भइल, ओकरा से हर कोई सकते में आ गइलऽ ।

6 फीट नीचे के खुदाई के बादे निकले लागल मूर्ति

बता दी कि जइसे इनार के खुदाई शुरू भइल, सबसे पहिले शिव परिवार के मूर्ति निकललऽ शुरू भइलs। एकरे बाद इनार के करीब 6 फीट ले खोदलऽ गइलऽ । एह दौरान इनार से देवी-देवतन के खंडित मूर्ति निकललऽ शुरू हो गइलऽ । एकरे बाद इनार के खुदाई के रोक देवलऽ गइलऽ आ मामला के जानकारी अधिकारियन के दे देवलऽ गइलऽ । बता दी कि इनार के खुदाई में 300 साल से बेसी पुरान प्राचीन शंख मिलल शंख बहुत निमन हालत में बा आ शंख अभीयो बज रहलऽ बा। इ शंख वजन में ढेर भारी बा आ एकदमे सुरक्षित हालत में बा । मानलऽ जा रहलऽ बा कि इनार के नीचे जदि अउरी खुदाई कइलऽ जाई तऽ उहंवा से कय गो प्राचीन मूरति आ अन्य वस्तु मिल सकतs बा ।

मंदिर के आस-पास हो गइलऽ रहे अवैध कब्जा

मंदिर कमेटी के महामंत्री के कहनाम बा कि साल 2020 में जिलाधिकारी के आदेश के बाद मंदिर के आस-पास से अवैध कब्जा हटवावल गइलऽ रहे । कहलऽ जातs बा कि इ मंदिर मराठा काल के बनल बा । मानल जाला कि मंदिर के नीचहु एगो मंदिर बनलऽ बा, जेकर रास्ता इनार के भितरो से बा। हमनीऽ ओह मंदिर के रास्तो खोजत रही सs आ इनार में पानी लावे के कोशिश करतऽ रही सs। एही से इनार के खुदाई करवावल जा रहल बा । खुदाई के दौरान एहमें से मूर्ति निकलल शुरू हो गइलऽ ।

अब ASI करी इनार के खुदाई

बता दी कि मंदिर प्रशासन इनार से प्राचीन मूर्ति निकाले के जानकारी जिलाधिकारी के देले । जिलाधिकारी सिटी मजिस्ट्रेट के फौरन मामिला के जांच के आदेश देले । डीएम के आदेश के बाद इनार के खुदाई के रोकवा देवलऽ गइलऽ।

 

इनार के मामिला के रिपोर्ट जिलाधिकारी ASI टीम के भेज देले बा। अब इनार के खुदाई के जिम्मेदारी ASI अपना ऊपर ले लेले बिया । अब एएसआई के टीम इनार के खुदाई करी आ एह इनार के इतिहास, मूर्तियन के प्राचीनता के इतिहास के बारे में जानकारी हासिल करी । फिलहाल इ मामिला चर्चा में आ गइलऽ बा ।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.