Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur: नया साल पs गुब्बारा में गैस भरत घरी फाटल सिलेंडर, एक के मौत आ दु घायल

अतवार के फुटहवा इनार चौराहा पs छव बजे के करीब राम किशुन गुब्बारा में सिलेंडर से हवा भरत रहलें। तबे अचानक सिलेंडर फाट गइल। जेमे राम किशुन के मौत हो गइल। ओहिजा बगल में खड़ा दिलीप शर्मा (25) आ एगो आउर अज्ञात जुवक घायल हो गइल। 

532

गोरखपुर के चौरीचौरा के फुटहवा इनार चौराहा पs अतवार के सबेरे गुब्बारा फुलावे वाला गेस सिलेंडर फट गइल। जेमें एक के कि मौत हो गइल जबकि दु आउर घायल हो गइलें। एगो घायल के आंख फुट गइल बा। पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज के घायलन के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करवलस।

जानकारी के मोताबिक, विशुनपुरा बाबू निवासी 35 वर्षीय राम किशुन गुप्ता पुत्र स्वर्गीय सूर्यनाथ साइकिल पs घूम-घूम के गुब्बारा बेचत रहल हs। ओकर तीन गो लईका अंकुर कश्यप, शिवानी आ परी हs। अतवार के सबेरे ऊ नया साल पs गुब्बारा बेचे साइकिल से निकलल रहे। फुटहवा इनार चौराहा पs छव बजे के करीब राम किशुन गुब्बारा में सिलेंडर से हवा भरत रहलें। तबे अचानक सिलेंडर फाट गइल। जेमे राम किशुन के मौत हो गइल। ओहिजा बगल में खड़ा दिलीप शर्मा (25) आ एगो आउर अज्ञात जुवक घायल हो गइल। दिलीप के आंख फुट गइल बा। घटना के सूचना पs तुरंत एसओ चौरीचौरा जयंत सिंह फोर्स के संगे पहुंच गइले। पुलिस घायलन के तत्काल एम्बुलेंस से अस्पताल भेजववलस आ शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस।

427480cookie-checkGorakhpur: नया साल पs गुब्बारा में गैस भरत घरी फाटल सिलेंडर, एक के मौत आ दु घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.