Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता खातिर जंतर मंतर पs धरना सम्पन्न

879

नई दिल्ली: भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता आ आठवीं अनुसूची में सामिल करावे खातिर भोजपुरी जन जागरण अभियान संगठन के अध्यक्ष डाॅ० संतोष पटेल के नेतृत्व में 6 अगस्त के दिल्ली के जंतर मंतर पs एक दिन के धरना प्रदर्शन के आयोजन कइल गइल। इस धरना के अध्यक्षता छपरा से आइल प्रो० पी राज सिंह कइलें। ओहिजा, संचालन राणा अवधूत कइलें।

भोजपुरी के संवैधानिक दर्जा आ आठवीं अनुसूची में सामिल करावे के मांग के लेके धरना में भारी संख्या में लोग उपस्थित भइल।

डाॅ० संतोष पटेल कहलें कि भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन खातिर भोजपुरी जन जागरण अभियान देस भर मे भोजपुरी के संविधान में सामिल करावे खातिर लगातार संघर्षरत रहला के संगे-संगे साहित्य आउर संस्कृति के सहेजलो के काम कर रहल बिया। अध्यक्षीय संबोधन में प्रो० पी राज सिंह कहलें कि भोजपुरी जन जागरण अभियान द्वारा हर संसदीय सत्र के दौरान धरना प्रदर्शन कइल जा चुकल बा आ अबकी बेर 19 वाँ धरना के आयोजन भइल। धरना के बाद प्रधानमंत्री आ गृहमंत्री के मांग पत्र दिहल गइल।

मालूम होखे कि भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता के लेके कुछ सांसद आ मंत्री समर्थन में आगे आइल रहे लो बाकिर सरकार आपन मनसा स्पष्ट ना कs पाइल।भोजपुरी आठवीं अनुसूची में होई बेर-बेर संसदीय सत्र में एकरा के लेके आश्वासन दिहल गइल आ अगिला तारीख तय कs दिहल गइल कि बस अब अगिला संसद सत्र में भोजपुरी आठवीं अनुसूची में होई।

एह धरना में मनोज कुमार सिंह, अशोक श्रीवास्तव, रंगकर्मी महेन्द्र प्रसाद सिंह, अजीत सिंह, धनंजय कुमार सिंह, अभिषेक भोजपुरिया, देवेन्द्र कुमार, प्रमेन्द्र कुमार, डाॅ० पुष्कर, विजय लक्ष्मी उपाध्याय, रेखा भारद्वाज, अंजली शिवाय, डाॅ० राजेश कुमार मांझी, डाॅ० मनोज कुमार, राजकुमार अनुरागी, नागेन्द्र सिंह पटेल, भाई बी के सिंह, झारखंड से रजनी सिंह, गुजरात से अशोक सिंह, राजस्थान से विजय सिंह, प्रेम विशाल, रामेश्वर सिंह कुशवाहा, रितेश सिंह राणा, ई० मृत्युंजय कुशवाहा, उद्भव शांडिल्य, यूपी से डाॅ० जनार्दन सिंह, बिहार से डाॅ० विश्वजीत, चन्द्रभूषण कुमार, ओम प्रकाश, बिट्टू, संदीप, अनीष कुमार कंठ, सी के भट्ट, राजेश श्रीवास्तव, मुकुल श्रीवास्तव, शंकर सिंह, मुखदेव बैठा, के के सिंह, शैलेन्द्र सिंह, रंजीत कुशवाहा, पार्थ सहित सईयन भोजपुरी सिपाही मवजूद रहे लो।

619980cookie-checkभोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता खातिर जंतर मंतर पs धरना सम्पन्न

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.