Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डीडीयू: पवधा लगा के हिंदी आ पत्रकारिता विभाग में नया सत्र के भइल सुरुआत

पवधा आ मनुष्य के संबंध जीव आ जिनगी के बराबर -प्रो० त्यागी

1,111

गोरखपुर। दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी एवं आधुनिक भारतीय भाषा तथा पत्रकारिता विभाग में नया सत्र के पहिला दिन हरियाली दिवस के रूप में मनावल गइल। अध्यक्ष प्रो० दीपक प्रकाश त्यागी के अध्यक्षता में विभाग के सब आचार्य आ विद्यार्थियन द्वारा विभाग परिसर में आम, जामुन, पाकड़, चांदनी आ गुलमोहर के पवधा लगावल गइल।

समाज सेवी संस्था राइज एंड शाइन सोसाइटी आ पत्रकारिता परिषद के संयुक्त तत्वावधान में आयोजित कार्यक्रम में संस्था के राष्ट्रीय अध्यक्ष पिंटू साहनी (एडवोकेट) कहलें कि एह कार्यक्रम के मुख्य उद्देश्य विश्वविद्यालय परिसर में फलदार वृक्षन के संख्या में इजाफा करे के संगही हरियाली के विकास कइल बा।

छात्रन के संबोधित करत विभाग के अध्यक्ष प्रो० त्यागी कहलें कि पिछला सत्र के सुरुआत पुस्तक के विमोचन से भइल रहे, जबकि अबकी बेर के सत्र के सुरुआत पवधा रोप के हो रहल बा। ऊ कहलें कि पवधन आ मनुष्य के संबंध जीव आ जिनगी के बराबर बा, एहिसे हमनी सभे के निरंतर पवधा लगावे के संगही ओकर संवर्धन करे के चाहीं, आस बा कि एह पवधन के बढ़ला के जइसने विद्यार्थियन के भविष्य निरंतर प्रगति के कीर्तिमान स्थापित करत रही। आगे कार्यक्रम में आपन संबोधन देत प्रो० अनिल राय, प्रो० राजेश मल्ल आ डॉ० रजनीश चतुर्वेदी छात्रन के हरियाली के महत्व समझावल लो।

समाज सेवी संस्था के ओर से अधिवक्ता पिंटू साहनी, धर्मेंद्र साहनी, अमित कुमार, स्पर्श श्रीवास्तव, मो० फैसल, मकसूद आलम पवधा लगावल लो। एह अवसर पs प्रो० प्रत्यूष दुबे, प्रो० विमलेश मिश्र, डॉ० नरेंद्र कुमार, डॉ० रामनरेश राम, डॉ० संदीप यादव, डॉ० अभिषेक शुक्ल आ बीएजेएमसी आ एमएजेएमसी के छात्र-छात्रा आउर शोध छात्र आदि मवजूद रहल लो।

601990cookie-checkडीडीयू: पवधा लगा के हिंदी आ पत्रकारिता विभाग में नया सत्र के भइल सुरुआत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.