[the_ad_group id="30365"]

यायावरी वाया भोजपुरी के हे भोले भंडारी’ गीत भइल रिलीज, धनंजय आजाद देलें बाड़ें स्वर 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: भोजपुरी भाषा आ साहित्य के समर्पित संस्था “यायावरी वाया भोजपुरी” के यूट्यूब चैनल पs आज बुध के सावन महीना में भगवान शिव के केंद्रित गीत ‘हे भोले भंडारी’ रिलीज हो गइल। अशोक सिन्हा लिखित एह गीत के आवाज देले बाड़ें उभरत गायक धनंजय आजाद।

उभरत गायक धनंजय आजाद देलें बाड़ें स्वर

भगवान शंकर के समर्पित महीना सावन में रिलीज भइल एह गीत के लिखलें बाड़ें अशोक सिन्हा आ स्वर देलें बाड़ें उभरत गायक धनंजय आजाद। म्यूजिक प्रोडक्शन के जिम्मा दीपक बीड आ उपेंद्र पाठक निभवलें बाड़ें। डीओपी के जिम्मा रुद्र आ टीम के द्वारा निभावल गइल बा आ फिल्मांकन अमित प्रोडक्शन के द्वारा कइल गइल बा।

भोजपुरी कहानियन के पहिला स्टोरीटेलिंग ऐप हs यायावरी वाया भोजपुरी

गौर करे वाला बात बा कि भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग ऐप यायावरी वाया भोजपुरी अपना ऐप पs देस-बिदेस के कहानियन के सुनवला के संगे-संगे अपना यूट्यूब चैनल पs हर महीना पारंपरिक, लोक संस्कृति आ भक्ति रस से भरल गीतन के निर्माण कs के आम जनता तक पहुंचावे के काम करेले।

संस्था के सदस्य सुधीर कुमार मिश्र बतवलें कि अब तक कुल 13 गीत रिलीज कइल जा चुकल बा आ आवे वाला समय खातिर कइयन गीत अभी निर्माण के प्रक्रिया में बा। संस्था के ई कोसिस रहेला कि लोक से जुड़ल गीतन के आज के दौर में नया पीढ़ी के मोताबिक बनाके ओकरा के सब केहू तक पहुंचावल जाव। गीत-संगीत के एह सार्थक पहल के लोगन के भरूपर समर्थन मिल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]