Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार में टल सकेला नगरपालिका के चुनाव

229

बिहार में संभावित नगर पालिका के चुनाव एक बेर फेर से टल सकेला। चुनाव का पहिले आरक्षण के इस्तिथी साफ करे ला आयोग के गठन नईखे हो सकल। एकरा कारण अब चुनाव टाले के संभावना बढ़ गइल बा। राज्य निर्वाचन आयोग एकर संकेत दे देले बा।

अप्रिल मई में प्रस्तावित बा चुनाव

बिहार में अप्रिल-मई के बीचे नगरपालिका के चुनाव प्र्स्तावित बा। आरक्षण के बेवस्थो पहिलही से लागू बा जवना के आधार पs चुनाव होखे के बा। बाकिर अबकी बेर बिना विशेष आयोग के गठन के चुनाव करावल संभव ना हो सकी। एकरा के लेके आयोग पिछला दिनन में नगर विकास आयुक्त आ आवास विभाग के पत्र लिख के सुप्रीम कोर्ट के निर्णय के सुचनो दे देले रहे। सरकार कावर से फिलहाल एह पर कवनो जानकारी नइखे देहल गइल।

सुप्रीम कोर्ट देले बा विशेष आयोग बनावे के आदेस 

असल में सुप्रीम कोर्ट नगरपालिका चुनाव में आरक्षण के इस्तिथी के लेके विशेष आयोग बनावे के आदेस देले बा। एकरा तहत चुनाव में आरक्षण देवे ला ट्रिपल टेस्ट के आधार बनावे के कहल गइल बा। एकरा आधार पs तय होखे के बा चुनाव में कवन-कवन जातियन के पिछड़ा वर्ग के दिहल जाये आला आरक्षण में राखल जाई।

समे पs चुनाव करावे ला ई हो सकत बा ऑप्शन

सरकार तुरंत आयोग बनावे आ आरक्षण ला ट्रिपल टेस्ट के प्रक्रिया पूरा करे। एकरा ला जिला स्तर पs एगो कमिटी बनावल जा सकत बा जवन आपन रिपोर्ट पिछड़ा वर्ग आयोग के देवे। पिछड़ा वर्ग आयोग आपन अनुषंसा सरकार के देवे आ फेर सरकार लेजिसलेचर के माध्यम से ओकरा के फाइनल रूप दे सकेले।

साभार- भास्कर

233580cookie-checkबिहार में टल सकेला नगरपालिका के चुनाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.