Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MORNING UPDATES: भोर के 10 बड़ खबर

191
  1. बिहार: RAM NAVAMI; पटना के महावीर मंदिर के पट खुलते उमडल भीड़। देश भर में आज रामनवमी के धूम।
  2. बिहार: नीतीश कुमार देले बिहार के सरकारी कर्मियन के रामनवमी के तोहफा, अब मिली 34% महंगाई भत्ता।
  3. उत्तर प्रदेश: एमएलसी चुनाव में 98.11 % वोट पड़ल, भाजपा-सपा में मुकाबला, 27 सीट खातिर भइल मतदान।
  4. उत्तर प्रदेश: निजी स्कूलन में पांच फीसदी ले फीस बढ़ावे के मिलल मंजूरी।
  5. झारखंड: रामनवमी के लेके रांची के सुरक्षा बेवस्था चाक चौबन्द, ड्रोन से होई निगरानी।
  6. पाकिस्तान: इमरान खान के सरकार गिरल, सरकार के खिलाफ में 174 वोट पड़ल। पीटीआई के सदस्य ना लिहल लो वोटिंग में भाग।
  7. रूस-यूक्रेन युद्ध: कीव से लवट रहल रूसी सेना के गोलीबारी में 5 के मौत, चेर्नोबिल परमाणु प्लांट के निचिका रेडिएशन बढ़ल।
  8. महाराष्ट्र: शिवसेना के खिलाफ मनसे के एलान; कहलस- शिवसेना पार्टी हेडक्वार्टर के सोझा लाउडस्पीकर पs चलाई हनुमान चालीसा।
  9. जूनियर महिला हॉकी विश्व कप: महिला हॉकी टीम नीदरलैनडस के हरा इतिहास रचे उतरी।
  10. आईपीएल: मुंबई आ चेन्नई के लगातार चार मैचन में हार, बंगलोर आ हैदराबाद जीतल;आज दिल्ली-कोलकाता आ राजस्थान लखनऊ के मुकाबला।
239970cookie-checkMORNING UPDATES: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.