Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MORNING UPDATES: भोर के 10 बड़ खबर

216
  1. बिहार: पटना, गया, जहानाबाद समेत बिहार के शहरन खातिर 12 गो नाया सड़क आ बायपास खातिर मंजूर भइल।
  2. बिहार: औरंगाबाद में प्यार में नाकाम किशोरी समेत 6 सहेली जहर खइली सs, 3 के मौत बाकी के हालात गंभीर।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी विधान परिषद चुनाव: 27 सीटन पs मतदान आज, अधिकतर सीट पs भाजपा-सपा-भाजपा के सीधा मुक़ाबला।
  4. उत्तर प्रदेश: मुख्यमंत्री योगी के कार्यालय के ट्विटर अकाउंट हैक, हजारन लोग के टैग कs के भइल कइयन गो ट्वीट।
  5. झारखंड: डोभा निर्माण पs खर्च 336 करोड़ के कोर्ट मंगलस हिसाब, सोरेन सरकार के शपथपत्र में दाखिल करे के निरदेस।
  6. पाकिस्तान: आज होई पाकिस्तान के संसद में इमरान सरकार के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पs वोटिंग।
  7. रूस-यूक्रेन यद्ध: रूसी सैनिक मारकिव में 132 लोगन के गोली मरले सs, चेर्निहाइव के मेयर बोलले- रूस के हमला में 700 लोगन के मौत।
  8. श्रीलंका आर्थिक संकट: सरकार के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव ले आई विपक्ष, राष्ट्रपति गोटबाया पs महाभियोग लगावे के तइयारी।
  9. खेल: कोरिया के पीट भारत महिला जूनियर विश्वकप के सेमीफाइनल में।
  10. आईपीएल: आखिरी दु बॉल पs छक्का लगा के राहुल तेवातिया गुजरात के जितवले, पंजाब के हार। आज आईपीएल में डबल हेडर- पहिला मैच में चेन्नई-हैदराबाद आ दुसरका मैच में बंगलोर आ मुंबई में भिड़ंत।
239680cookie-checkMORNING UPDATES: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.