Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर

180
  1. उत्तर प्रदेश- मुख्यमंत्री योगी के ऐलान- दस हजार सरकारी पदन पs सव दिन में भरती। 03 हीना में जारी होई नियुक्ति पत्र।
  2. उत्तर प्रदेश- सोनभद्र के जिलाधिकारी आ गाजियाबाद के एसएसपी निलंबित।
  3. बिहार: सीएम नितीश बोलले- राज्यसभा जाये के इक्षा नइखे, कहले- विधायक बनला के बाद रहे एमपी बने के चाहत, अब मन नइखे।
  4. बिहार: अधिकारी लो जारी कइल संपत्ति के ब्योरा, केहु के सोना-चानी तs केहु के बा पिस्टल के सवख। सीएम सचिव के लगे नइखे कवनो गाड़ी।
  5. झारखंड: 6ठा जेपीएससी ममिला पs सुप्रीम कोर्ट के अहम टिप्पणी, राज्य सरकार से पुछलस- HC के आदेस के का होई प्रभाव।
  6. प्रधानमंत्री: नरेंद्र मोदी भोर के 11 बजे से छात्र आ शिक्षक लो के संगे परीक्षा पs चरचा करिहे।
  7. मुलाकात: रूस के विदेश मंत्री सर्गेई लावरोव पीएम मोदी आ विदेश मंत्री एस जयशंकर से मिलिहे।
  8. महंगाई: कॉमर्सियल सिलेन्डर 250 रूपिया महंगा भइल, 19 किलो के सिलेन्डर अब 2553 में मिली।
  9. पाकिस्तान: इमरान बोलले- पाकिस्तान में बनल हालात खातिर अमेरिका जिम्मेदार। 40 मिनट ले देस के संबोधित कइले।
  10. आईपीएल: लखनऊ के मिलल पहिलका जीत। चेन्नई के छव विकेट से हरवलस। आज कोलकाता  आ पंजाब के मैच।
234570cookie-checkMORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.